[the_ad_group id="30365"]

POCO M8 Power Launch Date : 4 अगस्त के भारत में लॉन्च होई 8000mAh बैटरी वाला दमदार स्मार्टफोन

POCO M8 Power Launch in India with 8000mAh Battery and AMOLED Display
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक डेस्क। POCO M8 Power Launch Date के इंतजार अब खतम होखे वाला बा। पोको भारत में आपन नया स्मार्टफोन POCO M8 Power के 4 अगस्त के लॉन्च करे जा रहल बा। कंपनी आधिकारिक रूप से लॉन्च डेट के पुष्टि कs देले बिया। एह फोन के सबसे खास फीचर 8000mAh के विशाल बैटरी बा, जवन लमहर बैकअप देवे के दावा करत बा। एह स्मार्टफोन में AMOLED डिस्प्ले, दमदार प्रोसेसर आ फास्ट चार्जिंग जइसन कइयन गो प्रीमियम फीचर मिले के उम्मेद बा।

POCO India अपना आधिकारिक X (पहिले Twitter) हैंडल पs 10 सेकेंड के टीजर वीडियो जारी कs के POCO M8 Power Launch Date के पुष्टि कइले बा। कंपनी बतवले बिया कि ई स्मार्टफोन 4 अगस्त के भारतीय बाजार में लॉन्च होई।

टीजर वीडियो में फोन के डिजाइन देखावल गइल बा। एह स्मार्टफोन के गेरुआ रंग में पेश कइल जाई, जवना के लुक काफी हद तक iPhone 17 Pro से प्रेरित बतावल जा रहल बा।

8000mAh बैटरी होई सबसे बड़ आकर्षण

POCO M8 Power के सबसे खास फीचर एकर 8000mAh के दमदार बैटरी बा। बड़ बैटरी के संगे यूजर एक बेर चार्ज कs के कइयन घंटा तक गेमिंग, वीडियो स्ट्रीमिंग आ रोजाना के इस्तेमाल आराम से कs सकेला। एह फोन में 45W वायर्ड फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट मिले के संभावना बा, जवना से कम समय में बैटरी चार्ज हो सकेला।

Flipkart पs पहिले से लिस्ट हो चुकल बा फोन

लॉन्च से पहिले POCO M8 Power के Flipkart पs लिस्ट कइल गइल रहे। लिस्टिंग में कंपनी बड़ बैटरी के जानकारी साझा कइले रहे। एह स्मार्टफोन के मॉडल नंबर 2602IPC81 सर्टिफिकेशन वेबसाइट पs देखल गइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, POCO M8 Power चीन में लॉन्च भइल Redmi Note 17 के रीब्रांडेड वेरिएंट हो सकेला।

POCO M8 Power के संभावित स्पेसिफिकेशन

लीक रिपोर्ट के अनुसार, एह स्मार्टफोन में 6.67 इंच के AMOLED डिस्प्ले मिल सकेला, जवन 120Hz रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करी। डिस्प्ले बेहतर स्मूद एक्सपीरियंस आ सानदार विजुअल क्वालिटी दे सकेला।

प्रोसेसर के बात करीं तs एह फोन में MediaTek Dimensity 7400 चिपसेट मिले के उम्मीद बा। हालांकि चीन में लॉन्च भइल Redmi Note 17 में Snapdragon 4 Gen 4 प्रोसेसर दिहल गइल बा।

12GB RAM आ 512GB स्टोरेज के मिल सकेला सपोर्ट

POCO M8 Power में 12GB तक RAM आ 512GB तक इंटरनल स्टोरेज मिले के संभावना बा। ई कॉन्फिगरेशन मल्टीटास्किंग आ भारी ऐप इस्तेमाल करे वाला यूजर्स खातिर बढ़िया साबित हो सकेला।

50MP कैमरा से लैस हो सकेला फोन

फोटोग्राफी खातिर एह स्मार्टफोन में डुअल रियर कैमरा सेटअप मिल सकेला। एमे 50MP के प्राइमरी कैमरा आ 2MP मैक्रो कैमरा दिहल जा सकेला। सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर 20MP फ्रंट कैमरा मिले के उम्मेद बा।

Read Also: CJP Protest Case : सीजेपी के केंद्र सरकार के चेतावनी, कहलस- वादा टूटल तs बर्दाश्त ना होई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]