[the_ad_group id="30365"]

Raipur Airport Incident : रायपुर एयरपोर्ट पs टलल बड़ हादसा, दिल्ली से आ रहल एअर इंडिया विमान से टकराइल चिरई, सब यात्री सुरक्षित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रायपुर। छत्तीसगढ़ के राजधानी रायपुर के स्वामी विवेकानंद एयरपोर्ट पs बुध के एगो बड़ हादसा टल गइल। दिल्ली से रायपुर आ रहल एअर इंडिया के फ्लाइट लैंडिंग के समय बर्ड हिट माने चिरई से टकरायं के घटना के शिकार हो गइल।

विमान से चिरई टकरइला के बाद एहतियात के तौर पs विमान के तकनीकी जांच करावल गइल। राहत के बात ई रहल कि एह घटना में कवनो यात्री के नुकसान ना भइल आ विमान में सवार सब यात्री सुरक्षित रहल लोग।

लैंडिंग के समय भइल बर्ड हिट

जानकारी के मोताबिक, एअर इंडिया के दिल्ली-रायपुर फ्लाइट बुध के सबेरे करीब 8:15 बजे रायपुर पहुंचे वाला रहे। विमान करीब 8:08 बजे स्वामी विवेकानंद एयरपोर्ट पs लैंड करत घरी पक्षी से टकरा गइल।

बर्ड हिट के जानकारी मिलतही एयरपोर्ट प्रशासन आ एयरलाइन प्रबंधन सुरक्षा नियम के तहत विमान के जांच सुरू करा देलस। विमान के इंजन आ जरूरी हिस्सा के बारीकी से जांच कइल गइल।

ढाई घंटा तक चलल विमान के जांच

निर्धारित समय के अनुसार ई विमान बिहान 8:55 बजे रायपुर से दिल्ली खातिर उड़ान भरे वाला रहे, बाकिर तकनीकी जांच पूरा होखे आ सुरक्षा मंजूरी मिले तक उड़ान रोकल गइल। करीब ढाई घंटा तक चलल जांच के बाद विमान के उड़ान भरे खातिर सुरक्षित घोषित कइल गइल। एकरा बाद एअर इंडिया के विमान करीब 11:35 बजे रायपुर से दिल्ली खातिर रवाना हो गइल। विमान के देरी से उड़ान भरला के चलते यात्रियन के बहुत देर तक एयरपोर्ट पs इंतजार करे के पड़ल।

सब यात्री सुरक्षित

एयरपोर्ट सूत्रन के मोताबिक, विमानन क्षेत्र में बर्ड हिट के घटना के गंभीरता से लिहल जाला। एह तरे के ममिला में विमान के इंजन भा आउर महत्वपूर्ण हिस्सन के गहनता से जांच कइल जाला, ताकि कवनो तरे के खतरा के संभावना ना रहे।

जांच पूरा भइला के बाद विमान के दोबारा संचालन के अनुमति दे दिहल गइल। राहत के बात रहल कि एह घटना में कवनो यात्री घायल ना भइल आ सब यात्री सुरक्षित आपन यात्रा पूरा कइल लोग।

Read Also: Monsoon Update : मानसून के रफ्तार भइल धीमा, मुंबई पहुंचे में लागी 7-8 दिन, देस के मात्र 103 जिलन में भइल सामान्य बरखा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]