Monsoon Update : मानसून के रफ्तार भइल धीमा, मुंबई पहुंचे में लागी 7-8 दिन, देस के मात्र 103 जिलन में भइल सामान्य बरखा

Share

नई दिल्ली। देस में मानसून के चाल अब धीमा पड़ गइल बा। एह कारण कइयन गो राज्य में गरमी आ पानी के संकट के इस्थिति बनल बा। हालांकि कुछ इलाकन में आंधी-बरखा से लोगन के राहत मिलल बा। मौसम एजेंसी स्काईमेट के मोताबिक, मानसून पिछिला कुछ दिनन से पश्चिमी तट पs धीमा पड़ल बा आ मुंबई पहुंचे में अभियो करीब 7-8 दिन के समय लाग सकेला।

मौसम विशेषज्ञन के अनुसार, मानसून के धीमा होखला के मुख्य कारण बंगाल के खाड़ी में कवनो मजबूत कम दबाव क्षेत्र माने डिप्रेशन नइखे बनल। एह वजह से मानसूनी हवा के गति प्रभावित भइल बा। देस के कुल 723 जिलन में से अब तक खाली 103 जिलन में सामान्य बरखा दर्ज कइल गइल बा। हालांकि, केरल में दस्तक देला के बाद मानसून अब तक 19 राज्यन में आपन मवजूदगी दर्ज करा चुकल बा।

कइयन राज्यन में बरखा के अलर्ट जारी

मानसून के सुस्ती के बीच कइयन गो राज्य में मौसम बदलल नजर आ रहल बा। राजस्थान के जयपुर, भरतपुर आ कोटा समेत 23 जिला में आंधी आ बरखा के यलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। पिछिला 24 घंटा में राज्य के कइयन गो हिस्सन में जोरदार बरखा भइल बा। मध्य प्रदेश के रायसेन, छिंदवाड़ा आ ग्वालियर सहित 8 जिला में तेज हवा के संगे बरखा के संभावना जतावल गइल बा।

ओहिजा, बिहार के भागलपुर, पूर्णिया सहित 26 जिला में बरखा के चेतावनी जारी भइल बा। हालांकि पिछिला दिन पटना सहित कइयन गो शहरन में तापमान 40 डिग्री सेल्सियस से ऊपर रहे।

दिल्ली-NCR में बरखा से मिली राहत

दिल्ली-एनसीआर में मंगर के भइल बरखा आ तेज हवा से तापमान में गिरावट दर्ज कइल गइल। एकरा से जून महीना में अब तक के सबसे ठंडा दिन महसूस कइल गइल। दूसरका ओर उत्तर प्रदेश, राजस्थान, गुजरात, मध्य प्रदेश आ बिहार सहित 10 राज्यन में अभियो गरमी के असर जारी बा। यूपी के वाराणसी में तापमान 43 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल, जवन देस के सबसे गरम शहर रहल।

18-19 जून के भारी बरखा के संभावना

मौसम विभाग के अनुमान बा कि 18 आ 19 जून के बिहार, झारखंड, ओडिशा, असम आ पश्चिम बंगाल में भारी बरखा हो सकेला। कुछ जगहन पs 50 से 70 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से तेज हवा चले के संभावना बा। दक्षिण भारत के तमिलनाडु आ कर्नाटक में भारी बौछार के संभावना जतावल गइल बा।

जल्दी तेज हो सकेला मानसून के रफ्तार

मौसम वैज्ञानिकन के मोताबिक, मानसून के आगे बढ़े के रास्ता वायुमंडल के ऊपरी हिस्सा में चले वाला तेज हवा माने जेट स्ट्रीम पs निर्भर करेला।

जइसही जेट स्ट्रीम के इस्थिति अनुकूल होई, मानसूनी हवा फेर से तेजी पकड़ सकेला। अनुमान बा कि अगिला चार-पांच दिन में मौसम के परिस्थिति ठीक भइला पs मानसून महाराष्ट्र, कर्नाटक आ छत्तीसगढ़ के बाकी हिस्सा में तेजी से आगे बढ़ी आ लोगन के गरमी से राहत मिली।

Read Also: Lionel Messi : लियोनेल मेसी के हैट्रिक से रिकॉर्ड्स के टूटल बाढ़, अर्जेंटीना के अल्जीरिया पs सानदार जीत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-