Rail News : रेलयात्री ध्यान देवे लोग! कोहरा के कारण पूरब के ओर जाने वाली कइयन गो ट्रेन देर से होइहें सs रवाना; देखीं लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2025

नई दिल्ली। अभी कोहरा के प्रकोप बहुत जादे नइखे बढ़ल, बाकिर यात्रियन के परेसानी सुरू हो गइल बा। लमहर दूरी के कइयन गो ट्रेन घंटन विलंब से अपना गंतव्य पs पहुंच रहल बाड़ी सs। एह

Share

नई दिल्ली। अभी कोहरा के प्रकोप बहुत जादे नइखे बढ़ल, बाकिर यात्रियन के परेसानी सुरू हो गइल बा। लमहर दूरी के कइयन गो ट्रेन घंटन विलंब से अपना गंतव्य पs पहुंच रहल बाड़ी सs। एह कारण कइयन गो ट्रेनन के प्रस्थान समय में बदलाव करे के पड़ रहल बा।

नई दिल्ली-दरभंगा हमसफर विशेष (02570) आपन निर्धारित समय दुपहरिया 12:15 बजे के जगह पौने सात घंटा के विलंब से सांझ सात बजे, नई दिल्ली-हावड़ा पूर्वा एक्सप्रेस (12304) सांझ 5:40 के जगह दु घंटा के विलंब से सांझ 7:40 बजे, नई दिल्ली-हसनपुर विशेष (04098) आपन निर्धारित समय सबेरे साढ़े नौ बजे के जगह 14:15 घंटे के विलंब से रात 11:45 बजे आ नई दिल्ली-राजगीर श्रमजीवी एक्सप्रेस (12392) 1:05 घंटे के विलंब से दुपहरिया सवा दु बजे चली।

लमहर दूरी के ट्रेनन के संगे कइयन गाे लोकल ट्रेन आधा घंटा से लेके दु घंटा तक के विलंब से चल रहल बा। ट्रेन देरी से चलला के कारण यात्रिन के परेसानी के सामना करे के पड़ रहल बा।

देरी से चल रहल ट्रेन

ट्रेन के नाम आ नंबर कितना देर (विलंब)
सीतामढ़ी–आनंद विहार टर्मिनल विशेष (04015) 15 घंटा 15 मिनट
रक्सौल–आनंद विहार टर्मिनल सद्भावना एक्सप्रेस (14017) 5 घंटा
भागलपुर–आनंद विहार टर्मिनल विक्रमशिला एक्सप्रेस (12367) सवा 2 घंटा
मुजफ्फरपुर–आनंद विहार टर्मिनल सप्त क्रांति एक्सप्रेस (12557) 3 घंटा
बापूधाम मोतिहारी–आनंद विहार टर्मिनल (15567) साढ़े 5 घंटा
दानापुर–आनंद विहार टर्मिनल (13257) सवा 5 घंटा
बनारस–नई दिल्ली काशी विश्वनाथ एक्सप्रेस (15127) 4 घंटा
हावड़ा–नई दिल्ली पूर्वा एक्सप्रेस (12303) 4 घंटा
राजगीर–नई दिल्ली श्रमजीवी एक्सप्रेस (12391) 6 घंटा
दरभंगा–नई दिल्ली हमसफर विशेष (02569) पौने 4 घंटा
दरभंगा–नई दिल्ली विशेष (04449) 11 घंटा 15 मिनट
मानसी–नई दिल्ली विशेष (04453) पौने 9 घंटा
बरौनी–नई दिल्ली हमसफर विशेष (02563) साढ़े 6 घंटा
नांदेड़–जम्मूतवी हमसफर एक्सप्रेस (12751) 4 घंटा

Read Also: Amethi Road Accident : अमेठी में बुलेट आ ट्रक के टक्कर, बारात से लवटत तीन युवकन के मौत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.