Amethi Road Accident : अमेठी में बुलेट आ ट्रक के टक्कर, बारात से लवटत तीन युवकन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 22, 2025

अमेठी। बारात से बुलेट चलावत घर लवटत तीन युवकन संगे देर रात बड़ हादसा हो गइल। सामने से आ रहल तेज रफ्तार डीसीएम ट्रक बुलेट के जोरदार टक्कर मार देलस। हादसा बहुते भयावह रहे। घटना

Share

अमेठी। बारात से बुलेट चलावत घर लवटत तीन युवकन संगे देर रात बड़ हादसा हो गइल। सामने से आ रहल तेज रफ्तार डीसीएम ट्रक बुलेट के जोरदार टक्कर मार देलस। हादसा बहुते भयावह रहे। घटना स्थल पs दुगो युवक के मौत हो गइल, जबकि तिसरका घायल इलाज के दौरान दम तुड़ देलस।

अमेठी-सुल्तानपुर रोड पs थौरा गांव के लगे ई हादसा भइल। तीनो युवक बारात से कार्यक्रम पूरा कइला के बाद घरे लवटत रहे लाेग। एही दौरान ट्रक सीधा बुलेट में भिड़ गइल।

कोतवाली क्षेत्र के महराजपुर निवासी शेरा लाल कोरी के घर से सुक के सांझ बारात पीपरपुर थाना क्षेत्र के हारीपुर गांव गइल रहे लोग। ओहिजा, बारात में सामिल होखे खातिर महराजपुर के उत्कर्ष सिंह, बजरंग सिंह आ अंशु सिंह गइल रहे लोग। रात में देर से तीनो बुलेट से हारीपुर से महराजपुर लवटत रहे लाेग।

थौरा गांव के लगे पहुंचतही ट्रक बुलेट पs जोरदार टक्कर मार देलस। हादसा में उत्कर्ष सिंह आ बजरंग सिंह के घटनास्थल पs मौत हो गइल। गंभीर रूप से घायल अंशु सिंह के जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां उपचार के दौरान उहो जान गंवा देलें।

घटना के खबर मिलतही गांव के लोग मवका पs दउड़ पड़ल। कोतवाली पुलिस तीनो शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बा। घटना में सामिल ट्रक के पुलिस कब्जा में ले लेले बिया। कोतवाल रवि सिंह बतवलें कि हादसा में तीन नवही के मौत भइल बा। तीनों कार्यक्रम से घरे लवटत रहे लोग। वाहन जब्त कइल गइल बा आ जरूरी कानूनी कार्रवाई चल रहल बा।

Read Also: New Labour Law : सैलरी, ग्रेच्युटी आ ओवरटाइम पs बड़ एलान! जानीं नया लेबर कोड में का-का बदली? 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.