राहत फतेह अली खान दुबई एयरपोर्ट पऽ गिरफ्तार? सिंगर शेयर कइले पोस्ट- दुश्मन जवन चहले उऽ ना भाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 22, 2024

पाकिस्तान के मशहूर गायक राहत फतेह अली खान के दुबई हवाई अड्डा से हिरासत में लिहल गइल। दुबई पुलिस उनका के विमान में चढ़े से रोक के हिरासत में ले लिहलस। जियो टीवी के हवाला

Share

पाकिस्तान के मशहूर गायक राहत फतेह अली खान के दुबई हवाई अड्डा से हिरासत में लिहल गइल। दुबई पुलिस उनका के विमान में चढ़े से रोक के हिरासत में ले लिहलस। जियो टीवी के हवाला से सोझा आवत बा कि राहत फतेह अली खान से कई घंटा से थाना में पूछताछ हो रहल बा।

खबर आवत रहे कि पाकिस्तान के मशहूर गायक राहत फतेह अली खान के दुबई हवाई अड्डा से हिरासत में लिहल गइल बा। जियो टीवी के हवाला से पता चलल कि राहत फतेह अली खान से थाना में कई घंटा तक पूछताछ होत रहे। हालांकि अब जवन वीडियो सामने आइल बा उऽ एगो अलगे कहानी बतावत लउकऽता।

राहत के सफाई के वीडियो

वीडियो में राहत फतेह अली खान अपना गिरफ्तारी से इनकार करत देखल गइल। हालांकि उऽ सीधा-सीधा इ बात ना कहले। गिरफ्तारी के मुद्दा के अनदेखा करत उऽ कहले कि हम दुबई आइल बानी आपन गाना रिकॉर्ड करे। आ सब ठीक बा। हम रउआ सभे से निहोरा करब कि अइसन खराब अफवाह बिल्कुल मत सुनी। कुछुओ अइसन नइखे जइसन दुश्मन सोचत बाड़े। हम जल्दिये अपना देश में लवटब आ रउरा सभे के एगो नया गीत से सरप्राइज देब।

राहत के ई वीडियो बहुत सवाल खड़ा कर रहल बा। काहे कि राहत अपना गिरफ्तारी के बारे में वीडियो में कबहूँ नइखन बतवले। संगही उऽ दुबई में हिरासत में लिहल गइल बाड़े कि ना, एकरा से इनकार नइखन कइले। ई बात सबके हैरान कर रहल बा कि अगर अइसन ना भइल रहित तऽ गायक एकर जिक्र काहे ना कइलन?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.