रघुनाथपुर में बा एगो अइसन जगे जहां खाली हाथ बढ़वला पs हर केहु के मिलेला पांच सौ रुपिया

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2022

सीवान जिला के रघुनाथपुर बाजार में एगो अइसन जगे बा जहां मंगर आ बुध के खड़ा होके खाली हाथ बढ़वला से पांच सौ रुपिया के नोट मिलेला, चउक गइनी नु, चउकी मत… ममिला: रघुनाथपुर बस

Share

सीवान जिला के रघुनाथपुर बाजार में एगो अइसन जगे बा जहां मंगर आ बुध के खड़ा होके खाली हाथ बढ़वला से पांच सौ रुपिया के नोट मिलेला, चउक गइनी नु, चउकी मत…

ममिला: रघुनाथपुर बस स्टैंड के डाक 2022-23 ला नइखे भइल जवना के जानकारी वाहन चालकन के नइखे आउर ना सम्बंधित विभाग द्वारा डाक ना होखला के बोर्ड़े लगावल गइल बा। जेकर फायदा असमाजिक तत्व के लोग वाहन चालकन से अवैध वसूली कs के सरकार के राजस्व के चूना लगा रहल बा लो। एह अवैध वसूली के शिकायत जिला के सक्षम पदाधिकारी सदर एसडीओ आ डीडीसी सीवान से कइला के बावजूद वसूली बदस्तूर जारी बा। द्वय पदाधिकारियन के चुप्पी के कुछ तs राज होखे के चाहीं।  ना तs चिन्हित कs के दोषियन के खिलाफ कड़ा कारवाई काहे नइखे होखत?

बतावत चली कि मंगर आ बुध के रघुनाथपुर होखे सैकड़न के संख्या में मवेशी लदल छोट वाहन गुजरत बा आ एही वाहनन से प्रति वाहन 500 रुपिया वसूलल जारी बा। आज असमाजिक तत्व के लोग खाली मंगर आ बुध के मवेशी लदल गाड़ियन से वसूल के अवैध वसूली के दस्तूर के जिंदा रखले बा लो।

विदित होखे कि रघुनाथपुर बस स्टैंड के डाक करीब 80 लाख रुपिया में होखत रहे। बाकिर रसूलपुर आ ताजपुर पुल पs बैरिकेटिंग लग जइला के वजे से बड़ गाड़ियन के रघुनाथपुर होके जाइल बन हो गइल बा।  जवना के कारण केहु डाक लेवे के नइखे चाह रहल।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.