पटना। पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी आ राजद नेता तेजस्वी यादव के सुरक्षा बेवस्था में बदलाव आ सुरक्षाकर्मी वापस भेजला के बाद अब राष्ट्रीय जनता दल (RJD) के कार्यकर्ता खुदे सुरक्षा के जिम्मेदारी संभाल लेले बा लोग।
पार्टी नेता लोगन के अनुसार, राबड़ी देवी आ तेजस्वी यादव के आवास पs कार्यकर्ता लोग 24 घंटा तैनात रही। एह खातिर राजद के ओर से बाकायदा विशेष रोस्टर तइयार कइल गइल बा।
अलग-अलग शिफ्ट में ड्यूटी करी लोग कार्यकर्ता
राजद कार्यकर्ता लोगन के दिन-रात अलग-अलग शिफ्ट में ड्यूटी लगावल गइल बा, ताकि सुरक्षा बेवस्था लगातार बनल रहे। सनिचर से बड़ संख्या में महिला आ पुरुष कार्यकर्ता राबड़ी आवास आ तेजस्वी यादव के आवास के बाहर मवजूद रहलें आ देर रात तक डटल रहलें।
राबड़ी आवास पs मवजूद राजद प्रदेश अध्यक्ष मंगनी लाल मंडल कहलें कि पार्टी कार्यकर्ता अपना नेता लोग के सुरक्षा के मुद्दा पs पूरा तरे सतर्क बा लोग।
उनकर कहनाम रहे कि 24 घंटा पहरा खातिर अलग-अलग टीम बनावल गइल बा आ सब कार्यकर्तन के जिम्मेदारी सउप दिहल गइल बा।
सुरक्षा कवच बनके खड़ा रही लोग कार्यकर्ता
पटना जिला राजद अध्यक्ष दीनानाथ सिंह यादव कहलें कि राजद कार्यकर्ता हमेसा पार्टी नेतृत्व के निरदेस माने खातिर तइयार रहेला । ऊ दावा कइलें कि कार्यकर्ता सुरक्षा कवच बनके अपना नेता लोगन के संगे खड़ा रही लोग आ हर परिस्थिति में सुरक्षा सुनिश्चित करी।
सरकार पs राजद के हमला
राजद नेता लोग सरकार पs निशाना साधत कहल कि राज्य सरकार के शिक्षा, बेरोजगारी, महंगाई आ कानून-बेवस्था जइसन गंभीर मुद्दा पs ध्यान देवे के चाहीं, ऊ राजनीतिक विरोधियन के सुरक्षा आ आवास जइसन मुद्दा में उलझल बा।
पार्टी नेता लोग के कहनाम बा कि संवैधानिक रूप से सुरक्षा उपलब्ध करावे के जिम्मेदारी सरकार के बा। बावजूद एकरा अगर कवनो समस्या पैदा होत बा तs राजद कार्यकर्ता अपना नेता लोगन के सुरक्षा खातिर हर समय तइयार रही लोग।
जरूरत पड़ला पs दोसरा जिला के कार्यकर्ता जुड़ी लोग
फिलहाल पटना जिला के कार्यकर्ता लोगन के सुरक्षा बेवस्था के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। पार्टी के कहनाम बा कि जरूरत पड़ला पs बिहार के दूसरका जिला से कार्यकर्ता बुलावल जा सकेला लोग।
राबड़ी देवी आ तेजस्वी यादव के सुरक्षा के मुद्दा पs जारी राजनीतिक बयानबाजी के बीच राजद के ई डेग बिहार के राजनीति में नया चरचा के विषय बन गइल बा।
साभार : दैनिक जागरण







