सेंट्रल डेस्क। आम आदमी के महंगाई के एगो आउर झटका लागल बा। घरेलू रसोई गैस (एलपीजी) सिलिंडर के कीमत में 29 रुपिया के बढ़न्ती कइल गइल बा। नया दर 7 जून से लागू हो गइल बा।
अब कीमत बढ़ला के बाद दिल्ली में 14.2 किलो वाला घरेलू एलपीजी सिलिंडर 913 रुपिया से बढ़के 942 रुपिया हो गइल बा। पिछिला तीन महीना में ई दूसरका मवका बा जब घरेलू गैस सिलिंडर के दाम बढ़ावल गइल बा। एकरा से पहिले 7 मार्च के सिलिंडर पs 60 रुपया के बढ़न्ती भइल रहे।
काहे बढ़ावल गइल LPG के दाम?
पीटीआई के अनुसार, पश्चिम एशिया में जारी संघर्ष के चलते वैश्विक ऊर्जा आपूर्ति प्रभावित भइल बा। एह कारण अंतरराष्ट्रीय बाजार में ईंधन के कीमत लगातार बढ़ रहल बा।
सूत्रन के मोताबिक, मार्च में 60 रुपिया बढ़ावल गइल रहे, बाकिर एकरा बादो तेल विपणन कंपनियन के घरेलू एलपीजी बिक्री पs घाटा उठावे के पड़त रहे। ताजा संशोधन से पहिले सरकारी तेल कंपनियन के हर घरेलू सिलिंडर पs करीब 703 रुपिया के नुकसान हो रहल रहे। बढ़त लागत के देखते दाम बढ़ावे के फैसला लिहल गइल।
शहर अनुसार घरेलू LPG सिलिंडर के नया कीमत
| शहर | नया कीमत |
|---|---|
| दिल्ली | ₹942.00 |
| मुंबई | ₹941.50 |
| कोलकाता | ₹968.00 |
| चेन्नई | ₹957.50 |
| पटना | ₹1,031.50 |
| जयपुर | ₹945.50 |
तेल कंपनियन पs अभियो दबाव बरकरार
मई महीना में पेट्रोल आ डीजल के दाम कुल मिलाके 7.50 रुपया प्रति लीटर तक बढ़ चुकल बा, जबकि सीएनजी करीब 6 रुपिया प्रति किलो महंगा हो गइल बा।
अनुमान बा कि तेल कंपनियन के अभियो पेट्रोल पs करीब 11 रुपिया प्रति लीटर आ डीजल पs 33.6 रुपिया प्रति लीटर तक के नुकसान उठावे के पड़ रहल बा।
कमर्शियल सिलिंडर पहिले महंगा भइल रहे
एकरा पहिले 1 जून के कमर्शियल एलपीजी सिलिंडर के कीमतन में बढ़न्ती कइल गइल रहे। नया दर के मोताबिक दिल्ली में 19 किलो वाला कमर्शियल सिलिंडर 42 रुपिया महंगा भइल, जबकि कोलकाता में एकर कीमत 53.50 रुपिया बढ़ल।
संगही 5 किलो वाला फ्री ट्रेड एलपीजी (FTL) सिलिंडर के दाम में 11 रुपया के बढ़न्ती कइल गइल बा। अब दिल्ली में ई सिलिंडर 821.50 रुपया में उपलब्ध बा।
घरेलू एलपीजी सिलिंडर के दाम में लगातार हो रहल बढ़न्ती से आम परिवारन के रसोई के बजट पs सीधा असर पड़ सकेला।
Read Also: 07 जून 2026 के राशिफल







