PV Sindhu: दुल्हिन बने के तइयार ओलंपिक पदक विजेता पीवी सिंधू, एही महीना लिहें सात फेरा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2024

दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधू बहुत जल्दी बियाह के बंधन में बधे जा रहल बाड़ी। एकर पुष्टि उनकर पिता पीवी रमना कइलें। ऊ पीटीआई के बतवलें कि ई सब एक

Share

पीवी सिंधु हाले में सैयद मोदी अंतररास्ट्रीय बैडमिंटन टूर्नामेंट के विजेता बनल बाड़ी।

दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधू बहुत जल्दी बियाह के बंधन में बधे जा रहल बाड़ी। एकर पुष्टि उनकर पिता पीवी रमना कइलें। ऊ पीटीआई के बतवलें कि ई सब एक महीना पहिलही तय भइल।

बता दीं कि, सिंधू 22 दिसंबर के उदयपुर में वेंकट दत्ता साई के संगे अपना जिनगी के नया सुरुआत करिहें। सिंधू के होखे वाला पति हैदराबाद के रहे वाला बाड़ें। ऊ पोसाइडेक्स टेक्नोलॉजी में कार्यकारी निदेशक बाड़ें।
सिंधू के पिता पीवी रमना कहलें- दुनो परिवार एक-दूसरा के जानते रहे बाकिर एक महीना पहिलही सब कुछ तय भइल। ई एकमात्र संभावित समय रहे काहेकि जनवरी से उनकर (सिंधू के) कार्यक्रम बहुते व्यस्त रहे वाला बा।

पीवी सिंधू - फोटो : pvsindhu1 (instagram)
पीवी सिंधू – फोटो : pvsindhu1 (instagram)

तीसरका बेर जीतली सैयद मोदी अंतरराष्ट्रीय बैडमिंटन के खिताब

29 वर्षीय खिलाड़ी अतवार के सैयद मोदी अंतरराष्ट्रीय बैडमिंटन के फाइनल में चीन के वू लुओ यू के हराके महिला एकल के खिताब जीतले रहली। लखनऊ में खेलल गइल फाइनल मैच में पूर्व विश्व चैंपियन चीन के वू लुओ यू के 21-14 21-16 से मात देली आ तीसरका बेर एह टूर्नामेंट के ट्रॉफी अपना नावे कइली। ऊ एकरा पहिले 2017 आ 2022 में ट्रॉफी जीतले रही। सिंधू दु साल आ चार महीना के अंतराल के बाद पोडियम पs शीर्ष स्थान प्राप्त कइली। ऊ आखिरी खिताब जुलाई 2022 में सिंगापुर ओपन में जीतले रहली। एह साल ऊ मई में मलयेशिया मास्टर्स सुपर 500 के फाइनल में पहुंचल रहली।

इहो पढ़ीं: डीडीयू: शांतिपूर्ण माहौल में चल रहल बा विषम सेमेस्टर के परीक्षा, 4 के होखे वाला परीक्षा अब 8 के

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.