पुणे में इंद्रायणी नदी पs पुल टूटले से 4 के मउत, 51 के बचावल गइल, अबे जारी बा रेस्क्यू ऑपरेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2025

महाराष्ट्र के पुणे के लगे भईल पुल दुर्घटना में कुछ समय बाद फेर से बचाव अभियान शुरू कईल जाई। प्रशासन के दावा बा कि पुल गिरला के बाद नदी में बहल 3s लोग अबे ले

Share

महाराष्ट्र के पुणे के लगे भईल पुल दुर्घटना में कुछ समय बाद फेर से बचाव अभियान शुरू कईल जाई। प्रशासन के दावा बा कि पुल गिरला के बाद नदी में बहल 3s लोग अबे ले लापता बाड़े, जवना के तलाश दुर्घटना स्थल से नजदीकी बांध ले शुरू कईल जाई। अतवार के सप्ताहांत में पुणे से 30 किलोमीटर दूर कुंडमाला के नजदीक भारी संख्या में पर्यटक मौजूद रहले। इंद्रायणी नदी के तेज धारा देखे लोग पुल पs चढ़ले। एह दौरान बहुत बाइक सवार भी पुल पs पहुंचले जहां भीड़ के दबाव के चलते पुल नदी में गिर गईल जवना में बहुत लोग बह गईले। अतवार के देर सांझ ले चलल बचाव अभियान में बचावल गईल 38 लोग के इलाज जारी बा, जबकि दुर्घटना में मरल 4 लोग के शव के पोस्टमार्टम खातीर पुणे के नजदीक मावल के अस्पताल में राखल गईल बा। महाराष्ट्र सरकार मरेवाला लोग के परिवार के पांच-पांच लाख रुपया मुआवजा देवे के घोषणा कईले बिया। विदेश दौरा पs आवे वाला पीएम मोदी साइप्रस से मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस से बात कईले अवुरी एs घटना के जानकारी लेले बाड़े।

पुणे में बारिश शुरू हो जाला, नदी के बहाव भी बढ़ेला

महाराष्ट्र के पुणे के लगे भइल पुल हादसा में एक बेर फेरू बचाव अभियान के तइयारी चलत बा. एह घरी पुणे में भी हल्का बरखा शुरू हो गइल बा, क्यूआरटी टीम बचाव खातिर मौका पs मौजूद बा। प्रशासन के दावा बा कि पुल गिरला के बाद नदी में बह गईल तीन लोग अबे ले लापता बाड़े, जवना के तलाशी खातीर दुर्घटना स्थल से नजदीकी बांध तक अभियान चलावल जाई।

सर्च ऑपरेशन जारी

रात में बचाव आ तलाशी अभियान बंद कs दिहल गइल बाकिर आजु सबेरे फेर से दुर्घटना पुल से बगल के बांध ले बड़हन तलाशी अभियान चलावल जाई.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.