अब ‘जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज’ के नाम से जानल जाई पुणे एयरपोर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2024

    महाराष्ट्र के पुणे हवाई अड्डा के अब एगो अलगे नाम से जानल जाई। महाराष्ट्र के एकनाथ शिंदे सरकार पुणे हवाई अड्डा के नाम बदल देले बिया। अब पुणे हवाई अड्डा के नाम बदल

Share

अब 'जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज' के नाम से जानल जाई पुणे एयरपोर्ट: फोटो

 

 

महाराष्ट्र के पुणे हवाई अड्डा के अब एगो अलगे नाम से जानल जाई। महाराष्ट्र के एकनाथ शिंदे सरकार पुणे हवाई अड्डा के नाम बदल देले बिया। अब पुणे हवाई अड्डा के नाम बदल के जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा कs दिहल गइल बा. महाराष्ट्र मंत्रिमंडल एह संबंध में एगो प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहले बा.

अब प्रस्ताव केन्द्र में जाई भेजल 

एगो अधिकारी बतवले कि इs फैसला राज्य सरकार के मंत्रिमंडल के बैठक में भईल बा अवुरी एकरा के केंद्र में भेजल जाई। राज्य के मंत्रिमंडल केंद्रीय नागर विमानन राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल के हवाई अड्डा के नाम बदले के प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहलस।

गडकरी समर्थन कइले रहले

केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी पहिलही से पुणे हवाई अड्डा के नाम बदले के समर्थन दे चुकल रहले। गडकरी कहले रहले कि उs इs सुनिश्चित करीहे कि एs प्रस्ताव के केंद्र के समर्थन मिले। संगही अब राज्य सरकार इs फैसला कs लेले बिया

राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल खुशी जतवले

पुणे लोकसभा सीट से भाजपा सांसद आ नागरिक उड्डयन राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल सोशल मीडिया प्लेटफार्म एक्स पs एह बात पs खुशी जतवले बाड़न. नागर विमानन राज्य मंत्री मुरलीधर मोहोल कहले कि आजु पुणे के अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के नाम बदल के ‘जगद्गुरु संत तुकाराम महाराज पुणे अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा’ के दिशा में पहिला कदम उठावल गईल बा। एकरा संगे उs कहले कि मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के अध्यक्षता में भईल मंत्रिमंडल के बैठक में एs प्रस्ताव के मंजूरी मिलल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.