भलुअनी में पत्रकार सम्मेलन खातिर तइयारी समिति के बैठक संपन्न

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

भलुअनी : बरहज तहसील क्षेत्र के पत्रकारन के बैठक भलुअनी नगर पंचायत के शांडिल्य मिशन स्कूल के परिसर में संपन्न भइल। बैठक में आगामी 23 मार्च के आयोजित होखे वाला तहसील पत्रकार सम्मेलन के तइयारी

Share

भलुअनी में पत्रकार सम्मेलन खातिर तइयारी समिति के बैठक संपन्न

भलुअनी : बरहज तहसील क्षेत्र के पत्रकारन के बैठक भलुअनी नगर पंचायत के शांडिल्य मिशन स्कूल के परिसर में संपन्न भइल। बैठक में आगामी 23 मार्च के आयोजित होखे वाला तहसील पत्रकार सम्मेलन के तइयारी खातिर विचार विमर्श भइल आ सब पत्रकारन से तन मन धन से जुट जाये के अपील कइल गइल।

तहसील अध्यक्ष सिंहासन यादव कार्यक्रम पs प्रकाश डलले आ कहलें कि सम्मेलन के सफल बनावे खातिर पत्रकारन के जिम्मेदारी सउप दिहल जाव आ सम्मेलन के जिम्मेदारी आधा दर्शन पत्रकारन के सउपल गइल। मंडल उपाध्यक्ष नागेंद्र नाथ शर्मा आ जिला महासचिव प्रेमचंद्र मिश्र कार्यक्रम के संबोधित कइल गइल आ कार्यक्रम के सफल संरक्षण खातिर अतिथियन के चयन आ आउर बिंदुअन पs प्रकाश डालल गइल।

एही क्रम में बैठक में उपस्थित गंगा प्रसाद पांडे्रय ,सुरेश पांडेय, विनोद कुमार सिंह, संजय प्रजापति, श्रवण कुमार गुप्ता, महामंत्री पवन सिंह, जितेंद्र यादव, अमरनाथ उपाध्याय, रमेश चंद्र यादव, प्रमोद कुमार, उदय प्रताप आदि आपन विचार रखल लो। बैठक के सफल संचालन पवन सिंह कइलें। बैठक में अउरियो कइयन गो पत्रकार उपस्थित रहल लो।

Read Also: 18 मार्च 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.