Prayagraj News : प्रयागराज में कोचिंग संचालक के भाई के संदिग्ध हालत में मौत, पार्क में टहले गइल रहलें… मिलल लाश

Share

प्रयागराज। शहर के कर्नलगंज थाना क्षेत्र में एगो कोचिंग संचालक के भाई के संदिग्ध हालत में मौत हो गइल। ऊ पार्क में टहले गइल रहलें, जहां बाद में उनकर लाश बरामद भइल। सूचना मिलतही पुलिस घटनास्थल पs पहुंचल आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। पुलिस पूरा ममिला के जांच में जुटल बिया।

तिकोनिया पार्क में मिलल शव

मिलल जानकारी के मोताबिक, कर्नलगंज थाना क्षेत्र के डायमंड जुबली हॉस्टल के नजदीक रहे वाला 45 साल के सौरभ शुक्ला के बहिन कोचिंग चलावेली। सौरभ ओही कोचिंग के देखरेख करत रहलें।

बतावल जा रहल बा कि सनिचर के ऊ अपना घर के नजदीक इस्थित तिकोनिया पार्क में टहले खातिर गइल रहलें। एह दौरान संदिग्ध परिस्थिति में उनकर मौत हो गइल। कुछ देर बाद पार्क में उनकर शव मिलल, जवना से इलाका में सनसनी फैल गइल।

पोस्टमार्टम रिपोर्ट के इंतजार में पुलिस

बाग में सौरभ शुक्ला के शव मिलला के सूचना पs पुलिस मवका पs पहुंचल आ जांच-पड़ताल सुरू कइलस। बाद में शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल।

पुलिस के कहनाम बा कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बादे मौत के असली कारण साफ हो पाई। फिलहाल हर पहलू से ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

सौरभ शुक्ला के अचानक मौत से परिवार में मातम पसरा गइल बा आ परिजन गहरा सदमा में बा लोग।

Read Also: Gorakhpur News : गोरखपुर में रील बनावत घरी राप्ती नदी में डूबले सs दूगाे जुवक, एगो के शव बरामद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-