[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : गोरखपुर में रील बनावत घरी राप्ती नदी में डूबले सs दूगाे जुवक, एगो के शव बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। राप्ती नदी के करतहरी-बढ़या पीपा पुल पs सनिचर के दुपहरिया एगो दर्दनाक हादसा हो गइल। नदी में नहात आ मोबाइल से रील बनावत घरी दूगो जुवक गहिराह पानी में डूब गइल लोग। घटना के बाद पूरा इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। सूचना मिलतही पीपीगंज पुलिस घटनास्थल पs पहुंचल आ स्थानीय लोगन के मदद से एगो जुवक के शव बरामद कs लेलस, जबकि दूसरका जुवक के तलाश अभियो जारी बा। एह खातिर एसडीआरएफ टीम के बोलावल गइल बा।

जानकारी के अनुसार, सहजनवा थाना क्षेत्र के जगदीशपुर गाही गांव के कुछ जुवक सनिचर के सबेरे बाइक से राप्ती नदी के करतहरी-बढ़या पीपा पुल पs घूमे गइल रहे लोग। उहवां सब जुवक मोबाइल से रील बनावत नदी किनारे समय बितावत रहे लोग। एह दौरान कुछ जुवक नहाये खातिर नदी में उतर गइल लोग।

प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, नहावत समय शिवम (21 बरिस), संजीव कुमार के बेटा, आ जयहिंद उर्फ गोलू कुमार, रामदीन के बेटा, गहिराह पानी में चल गइल लोग आ डूबे लागल लोग। दुनो के डूबत देख साथियन में चीख-पुकार मच गइल। बहुत कोसिसन के बादो दुनो के बचावल ना जा सकल।

साथी लोग तुरंत परिजन आ पुलिस के सूचना दिहल। खबर मिलतही पीपीगंज थाना प्रभारी ज्ञानेंद्र सिंह पुलिस बल के संगे घटनास्थल पs पहुंच गइलें। स्थानीय गोताखोर आ गांव के लोगन के मदद से खोज अभियान सुरू कइल गइल।

करीब एक घंटा बाद शिवम के शव नदी से बरामद कs लिहल गइल। जबकि जयहिंद उर्फ गोलू कुमार के अब तक कुछ पता नइखे चल सकल। उनकर तलाश लगातार जारी बा।

घटना के जानकारी मिलतही एसडीआरएफ टीम के बोलावल गइल बा। पुलिस आ राहत टीम नदी में खोजबीन कs रहल बिया। एसपी उत्तरी ज्ञानेंद्र कुमार बतवलें कि एगो जुवक के शव बरामद हो गइल बा, जबकि दूसरका जुवक के खोज जारी बा।

Read Also: India Squad Announcement : श्रेयस अय्यर बनलें टी20 टीम के नया कप्तान, आयरलैंड दौरा खातिर वैभव सूर्यवंशी के मिलल मवका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]