Prashant Kishor: विधानसभा चुनाव में कतना मुस्लिम उम्मीदवार उतरिहें प्रशांत?

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 2, 2024

चुनाव विश्लेषक प्रशांत किशोर अपना नया बयान से बिहार के राजनीति के गरम कर दिहले बाड़न। असल में आगामी बिहार विधानसभा चुनाव के लेके उऽ बहुत सक्रिय बाड़े। हर क्षेत्र में आपन ताकत लगा रहल

Share

Prashant kishor

चुनाव विश्लेषक प्रशांत किशोर अपना नया बयान से बिहार के राजनीति के गरम कर दिहले बाड़न। असल में आगामी बिहार विधानसभा चुनाव के लेके उऽ बहुत सक्रिय बाड़े। हर क्षेत्र में आपन ताकत लगा रहल बाड़े। अब उऽ चुनाव के लेके एगो बड़ घोषणा कइले बाड़न। प्रशांत किशोर विधानसभा चुनाव में जन सूरज पार्टी से 40 मुसलमानन के उम्मीदवार बनावे के एलान कइले बाड़न।

जन सूरज के संस्थापक प्रशांत किशोर मुस्लिम नवहियन से जन सूरज में सक्रिय भूमिका निभावे के गोहार लगवले बाड़न आ कहले बाड़न कि नया बिहार बनावे में ओह लोग के आपन भूमिका निभावे के चाहीं।

उऽ आवे वाला विधानसभा चुनाव में 40 मुस्लिम उम्मीदवार खड़ा करे के घोषणा कईले अउरी कहले कि जन सूरज ए वादा प पूरा तरीका से अडिग बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.