छपरा में 3 घंटा गुल रही बिजली, साढ़ा ढाला आ मेहिया से हटावल जाई अतिक्रमण

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2024

छपरा : शहर सुक 20 दिसंबर के उत्तरी क्षेत्र में अतिक्रमण हटाओ अभियान चलावल जाई। एह दौरान तीन घंटा तक पावर कट रही। शहर के साढ़ा ढाला से फोरलेन मेहिया तक सड़क किनारे अवैध अतिक्रमण

Share

बिजली गुल

छपरा : शहर सुक 20 दिसंबर के उत्तरी क्षेत्र में अतिक्रमण हटाओ अभियान चलावल जाई। एह दौरान तीन घंटा तक पावर कट रही। शहर के साढ़ा ढाला से फोरलेन मेहिया तक सड़क किनारे अवैध अतिक्रमण हटावल जाये के काम कइल जाई।

एह दौरान सुरक्षा के दृष्टिकोण से सबेरे 11:00 से 2:00 बजे तक पावर कट रही। बिजली विभाग एकरा पहिले बिजली संबंधित कामन के निपटा लेवे के सूचना जारी कइल गइल बा। अतिक्रमण हटाओ अभियान समाप्त होखला के संगही बिजली बहाल कs दिहल जाई। मुख्य रूप से प्रभुनाथ नगर पावर सबस्टेशन से संचालित होखे वाला बाजार समिति आ साढ़ा फीडर में बिजली गुल रही।

Read Also: भोर के 10 बड़ खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.