केतना खतरनाक हs लिवर ट्यूमर, जेकर शिकार बनली टीवी के पॉपुलर एक्ट्रेस दीपिका कक्कड़

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2025

लोकप्रिय टीवी शो ‘ससुराल सिमार का’ फेम के दीपिका कक्कड़ के लिवर ट्यूमर के पता चलल बा. अभिनेत्री के पति शोएब बतवले कि ट्यूमर के आकार टेनिस के गेंद निहन बड़ बा। इ ट्यूमर काफी

Share

लोकप्रिय टीवी शो ‘ससुराल सिमार का’ फेम के दीपिका कक्कड़ के लिवर ट्यूमर के पता चलल बा. अभिनेत्री के पति शोएब बतवले कि ट्यूमर के आकार टेनिस के गेंद निहन बड़ बा। इ ट्यूमर काफी बड़ बा, जवना के चलते डॉक्टर सर्जरी के सलाह देले बाड़े। का रउवा भी लिवर ट्यूमर के लक्षण से अनजान बानी? अगर हाँ त समय रहते एह खतरनाक बेमारी के बारे में जागरूक होखे के चाही।

लिवर ट्यूमर के लक्षण

स्वास्थ्य विशेषज्ञ के मुताबिक, पेट के ऊपरी दाहिना हिस्सा में दर्द लिवर ट्यूमर के मुख्य लक्षण हो सकता। दीपिका कक्कर भी लिवर ट्यूमर के चलते बहुत दर्द से ग्रस्त रहली। एकरा अलावे जदी आपके वजन अचानक कम होखे लागल त आपके ए लक्षण प भी ध्यान देवे के चाही। पीलिया, थकान-कमजोरी, पेट में सूजन भा भूख में कमी, अयीसन लक्षण भी लिवर ट्यूमर के लक्षण साबित हो सकता।

बेहद खतरनाक बेमारी

लिवर ट्यूमर के गंभीरता के अंदाजा एs बात से कs सकतानी कि एs बेमारी के चलते मरीज के मौत तक हो सकता। ट्यूमर सौम्य आ घातक हो सकेला। सौम्य ट्यूमर से मरीज के जान खतरा में ना पड़ेला। एकरा संगे जदी समय रहते घातक ट्यूमर के इलाज ना भईल तs मरीज के जान चल सकता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.