पुंछ। जम्मू-कश्मीर के पुंछ जिला में नियंत्रण रेखा (LoC) के नजदीक सेना के ट्रेनिंग अभ्यास के दौरान गलती से ग्रेनेड फट गइल। एह हादसा में भारतीय सेना के दूगो जवान घायल हो गइल लोग।
बतावल जा रहल बा कि ई घटना सुक के भइल, जब सैनिक लोग सीमा के लगे एगो फॉरवर्ड एरिया में अभ्यास करत रहे। ट्रेनिंग एक्सरसाइज के दौरान अचानक ग्रेनेड में विस्फोट हो गइल, जवना से जवान लोग घायल हो गइल।
घायल जवान अस्पताल में भरती
घटना के तुरंत बाद घायल जवानन के सुरक्षित तरीका से बाहर निकालल गइल आ इलाज खातिर नजदीकी मिलिट्री अस्पताल पहुंचावल गइल। सेना सूत्रन के मोताबिक, दूनो जवान के हालत फिलहाल इस्थिर बतावल जा रहल बा। हालांकि, जवानन के चोट के गंभीरता के बारे में अभी तक आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल।
घटना के जांच सुरू होखे के उम्मीद
सेना आ सुरक्षा एजेंसी एह घटना के गंभीरता से लेले बाड़ी सs। अधिकारी लोग पूरा ममिला के जानकारी जुटा रहल बा कि आखिर कवना परिस्थिति में ग्रेनेड विस्फोट भइल। अधिकारी लोग बतावल कि इलाका पs लगातार नजर रखल जा रहल बा।
बतावल जा रहल बा कि LoC के आसपास के क्षेत्र में पहिलहू ट्रेनिंग आ ऑपरेशनल गतिविधियन के दौरान गलती से विस्फोट के घटना सामने आ चुकल बा। सेना एह तरे के हादसा से बचे खातिर सुरक्षा मानक के लगातार समीक्षा करत रहेला।
Read Also: Share Market : शेयर बाजार में फेर लवटल रौनक, शांति के उम्मेद आ सस्ता क्रूड से सेंसेक्स 850 अंक उछलल








