छपरा सदर अस्पताल से एगो अजीबोगरीब ममिला सोझा आइल जवना के देख के सभे के आंखे खुलल के खुलल रह गइल। दरअसल एगो बेमार कैदी के लेके सदर अस्पताल आइल चौकीदार अपना बाइक के चोरन से सुरक्षा खातिर बाइक में हथकड़ी लॉक लगावले समझले आ लगाइयो देले। जवना के बाद उहां मवजूद लोगन के नजर जब हथकड़ी लागल मोटरसाइकिल पs पड़ल तs वीडियो बनाके सोशल मीडिया पs वायरल कs दिहल। रउआ सभे के बता दी कि सदर अस्पताल छपरा कैंपस से कइयन गो बाइक चोरी के घटना हो चुकल बा, जवन सीसीटीवी में सबकुछ लउकला के बादो आज ले कवनो चोर के पुलिस द्वारा नइखे पकड़ल जा सकल। शायद इहे वजह बा कि अपना बाइक के सुरक्षा के दृष्टि से बाइक में हथकड़ी लगावल गइल बा।
छपरा सदर अस्पताल: चोरी से बचावे ला पुलिसकर्मी अपना बाइक में हथकड़ी लॉक लगवले, वीडियो भइल वायरल
Published on: Apr 28, 2022
छपरा सदर अस्पताल से एगो अजीबोगरीब ममिला सोझा आइल जवना के देख के सभे के आंखे खुलल के खुलल रह गइल। दरअसल एगो बेमार कैदी के लेके सदर अस्पताल आइल चौकीदार अपना बाइक के चोरन
Share
Share this article






