Rampur: जौहर विवि. में पुलिस के खोदाई में मिलल नगर पालिका के सफाई मशीन, आजम खां आ अब्दुल्ला समेत सात प FIR

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 19, 2022

सपा विधायक अब्दुल्ला आजम के दु गो साथियन से पूछताछ के बाद पुलिस-प्रशासन के टीम जौहर यूनिवर्सिटी पहुंचल। जहां यूनिवर्सिटी में जेसीबी से खोदाई के दौरान नगर पालिका खातिर मंगावल गइल सफाई करे वाली मशीन

Share

सपा विधायक अब्दुल्ला आजम के दु गो साथियन से पूछताछ के बाद पुलिस-प्रशासन के टीम जौहर यूनिवर्सिटी पहुंचल। जहां यूनिवर्सिटी में जेसीबी से खोदाई के दौरान नगर पालिका खातिर मंगावल गइल सफाई करे वाली मशीन मिलल बा। पुलिस एह ममिला में वाकर अली खां के तहरीर के आधार प सपा नेता आजम खां, उनकर बेटा विधायक अब्दुल्ला आजम, पूर्व पालिकाध्यक्ष अजहर खां, सुल्तान मोहम्मद खान, अनवार हुसैन, सालिम आ तालिब के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज क लेले बिया।

जानकारी के मोताबिक, विधायक अब्दुल्ला आजम के दुनो करीबियन से ईडी पूछताछ कइले बिया। दुनो के पुलिस अतवार के हिरासत में लेले रहे। बता दीं कि एगो वायरल वीडियो में दुनो जुवक जुआ खेलत दिखाई देले रह स।

ओहिजा, हाले में आजम खां से मुलाकात के दौरान दुनो जुवक अखिलेश के साथे लउकल रहे लो, जवना के एगो फोटो सोशल मीडिया प वायरल भइल रहे। जवना के आधार प पुलि ओह लो के हिरासत में लेले रहे। एकरा विरोध में सपाई एसपी आवास प धरना देले रहे लो।

जानकारन के मानल जाव त ईडी के टीम अतवार के राते रामपुर आ गइल रहे। टीम अब्दुल्ला आजम के दोस्तन से पूरा रात पूछताछ कइले बिया। बतावल जा रहल बा कि आजम खां के खिलाफ ईडी लखनऊ में मुकदमा दर्ज क के रेखले बा। ओहि सिलसिला में अब्दुल्ला के दोस्तन से पूछताछ कइल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.