[the_ad_group id="30365"]

CJP Protest Case : सीजेपी के केंद्र सरकार के चेतावनी, कहलस- वादा टूटल तs बर्दाश्त ना होई

CJP protest case as party demands release of arrested protesters and government action.
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। कॉकरोच जनता पार्टी (CJP) प्रदर्शनकारी आ छात्रन के गिरफ्तारी के खबर पs केंद्र सरकार से हस्तक्षेप के मांग कइले बिया। पार्टी के मुख्य प्रवक्ता सौरभ दास दावा कइले बाड़ें कि असम, पश्चिम बंगाल आ बिहार सहिम कुछ राज्यन से छात्र आ आउर प्रदर्शनकारियन के निशाना बनावे, हिरासत में लेवे आ गिरफ्तार करे के सूचना सामने आ रहल बा।

सीजेपी एह ममिला पs चिंता जतावत कहलस कि सरकार के अपना आश्वासन के पालन करे के चाहीं। पार्टी के कहनाम बा कि देशव्यापी आंदोलन स्थगित करे के फैसला केंद्र सरकार के भरोसा पs लिहल गइल रहे।

सरकार के आश्वासन पs आंदोलन रोकल गइल रहे

सीजेपी प्रवक्ता सौरभ दास सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs जारी बयान में कहलें कि भारत सरकार भरोसा देले रहे कि आंदोलन में सामिल कवनो प्रदर्शनकारी के खिलाफ वर्तमान भा भविष्य में कवनो दंडात्मक कार्रवाई ना कइल जाई। ई आश्वासन भाजपा शासित आ एनडीए शासित राज्य दुनो खातिर लागू होखे के बात कहल गइल रहे।

पार्टी के आरोप बा कि अब कुछ जगह से प्रदर्शनकारियन के खिलाफ कार्रवाई के खबर आ रहल बा, जवन सरकार के वादा के खिलाफ बा।

हिरासत में लिहल लोगन के रिहाई के मांग

सीजेपी कहलस कि ओकर कानूनी टीम सुरुआत से सक्रिय बिया आ अलग-अलग राज्यन के वकील लोगन के संगे मिलके हिरासत में लिहल आ गिरफ्तार लोगन के कानूनी मदद दे रहल बा।

पार्टी केंद्र सरकार, भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा आ केंद्रीय मंत्री डॉ. जितेंद्र सिंह से अपील कइले बिया कि ऊ लोग सरकार के वादा लागू करवावे। सीजेपी मांग कइलस कि गिरफ्तार लोगन के रिहा कइल जावs आ प्रदर्शनकारियन के खिलाफ दर्ज एफआईआर वापस लिहल जावs।

सीजेपी कहलस- नवहन के भरोसा ना टूटे दी

सीजेपी चेतावनी देत कहलस कि जदि सरकार अपना वादा से पीछे हटत बिया तs ई खाली पार्टी के संगे धोखा ना होई, बलुक ओह लाखो नवहन के भरोसा टूटे जइसन होई जे संवाद के रास्ता चुनले बा।

पार्टी कहलस कि कवनो सरकार के विश्वसनीयता ओकर वादा निभावे से बनेला। सीजेपी अपना समर्थक आ नवहा प्रदर्शनकारियन से धैर्य बनवले रखे के अपील कइलस आ कहलस कि ओह लोगन के संगे मजबूती से खड़ा बा।

Read Also: BSNL Freedom Offer : 150 रुपिया में मिली JioHotstar, Zee5 आ SonyLIV के सब्सक्रिप्शन, जानीं पूरा ऑफर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]