Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sudha Murthy: राष्ट्रपति सुधा मूर्ति के राज्यसभा खातिर कइली मनोनीत, पीएम मोदी ट्वीट कs के कइलें एलान

482

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इंफोसिस के संस्थापक नारायणमूर्ति के पत्नी आ सामाजिक कामन खातिर प्रसिद्ध सुधा मूर्ति के राष्ट्रपति के ओर से राज्यसभा खातिर मनोनीत कइल जाये के एलान कइलें बाड़ें।

पीएम मोदी ट्वीट कइलें, “हमरा खुसी बा कि भारत के राष्ट्रपति सुधा मूर्ति के राज्यसभा खातिर नामित कइले बाड़ी। सामाजिक काम, परोपकार आ शिक्षा सहित अलग-अलग क्षेत्रन में सुधाजी के योगदान असीम आ प्रेरणादायक रहल बा। राज्यसभा में उनकर उपस्थिति हमनी के ‘नारी शक्ति’ के एगो शक्तिशाली प्रमाण हs, जवन हमनी के राष्ट्र के नियति के आकार देवे में महिला लोगन के ताकत आ क्षमता के उदाहरण बा। उनकर फलदायी संसदीय कार्यकाल के कामना करत बानी।”

सुधा मूर्ति के हs ?

सुधा मूर्ति प्रसिद्ध सामाजिक कार्यकर्ता आ लेखिका हई। सुधा मूर्ति आठ उपन्यास लिखले बाड़ी। ऊ भारत के सबसे बड़ ऑटो निर्माता इंजीनियरिंग आ लोकोमोटिव कंपनी टेल्को में काम करे वाली पहिला महिला इंजीनियर हई।

सुधा मूर्ति के पारिवारिक पृष्ठभूमि

सुधा मूर्ति इंफोसिस फाउंडेशन के संस्थापक नारायण मूर्ति के पत्नी बा। सुधा मूर्ति के दुगो लईका बा लो, बेटी अक्षता मूर्ति आ बेटा रोहन मूर्ति। अक्षता नारायण मूर्ति ब्रिटेन में रहे वाली भारतीय फैशन डिजाइनर हई आर यूके के प्रधानमंत्री के पत्नी हई। ब्रिटिश प्रधानमंत्री ऋषि सुनक सुधा मूर्ति के दामाद हवे। रोहन मूर्ति, मूर्ति क्लासिकल लाइब्रेरी ऑफ इंडिया के संगही एगो डिजिटल ट्रांसफॉर्मेशन स्टार्ट अप सोरोको के संस्थापक हवे।

सुधा मूर्ति के जीवन परिचय आ शिक्षा

सुधा मूर्ति के जन्म उत्तरी कर्नाटक के शिगांव में 19 अगस्त 1950 के भइल रहे। सुधा के पिता के नाम आर.एच कुलकर्णी आ माता विमला कुलकर्णी हs। ऊ बीवीबी कॉलेज ऑफ इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी, हुबली से इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग में स्नातक कइली। सुधा इंजीनियरिंग कॉलेज में 150 स्टूडेंट्स के बीच दाखिला पावे वाला पहिला महिला रहली। जब ऊ क्लास में फर्स्ट अइली तs कर्नाटक के मुख्यमंत्री उनका के पदक से सम्मानित कइली। बाद में इंडियन इंस्टीट्यूट आफ साइंस से कंप्यूटर साइंस में मास्टर्स के डिग्री ग्रहण कइली।

सुधा मूर्ति के करियर

भारत के सबसे बड़ ऑटो निर्माता कंपनी टेल्को में काम करे वाली पहिला महिला इंजीनियर सुधा मूर्ति बनलीं। पुणे में विकास अभियंता के रूप में काम कइला के बाद ऊ मुंबई आ जमशेदपुर में काम कइली। पति जब इंफोसिस फाउंडेशन के स्थापना कइलें तs सुधा मूर्ति उनका के 10000 रुपिया उधार देलीं आ आपन नौकरी छोड़के कंपनी सुरू करे में पति नारायण मूर्ति के मदद कइलें।

760110cookie-checkSudha Murthy: राष्ट्रपति सुधा मूर्ति के राज्यसभा खातिर कइली मनोनीत, पीएम मोदी ट्वीट कs के कइलें एलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.