राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू से मिलले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, सौंपले इस्तीफा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2024

  लोकसभा चुनाव 2024 के नतीजा सामने आ गईल बा। एs चुनाव में एनडीए गठबंधन के बहुमत मिलल बा, ओकरा बाद तय भईल बा कि नरेंद्र मोदी एक बेर फेर प्रधानमंत्री के पद पs रहीहे।

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के नतीजा सामने आ गईल बा। एs चुनाव में एनडीए गठबंधन के बहुमत मिलल बा, ओकरा बाद तय भईल बा कि नरेंद्र मोदी एक बेर फेर प्रधानमंत्री के पद पs रहीहे। अब ताजा जानकारी के मुताबिक पीएम नरेंद्र मोदी राष्ट्रपति भवन पहुंच गईल बाड़े। एहिजा पीएम मोदी राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू से भेंट कइलन आ केंद्रीय मंत्रिमंडल आ 17वीं लोकसभा के भंग करे के सिफारिश कइलन जवना का बाद ऊ नया सरकार बनावे के दावा पेश कइले.

मंत्री परिषद के भंग करे के सिफारिश

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु राष्ट्रपति से भेंट कइलन आ मंत्री परिषद के साथे आपन इस्तीफा दे दिहलन. राष्ट्रपति इस्तीफा स्वीकार कs लेले बाड़ी.अवुरी नरेंद्र मोदी मंत्री परिषद से निहोरा कईले बाड़े कि जब तक नई सरकार के काम ना लागी तब ले अपना पद पs बनल रहे।

एनडीए के कतना सीट बा?

लोकसभा चुनाव के नतीजा के बाद एनडीए गठबंधन के कुल 293 सीट मिलल बा जबकि बहुत के आंकड़ा 272 सीट बा। गठबंधन के सदस्य जदयू प्रमुख नीतीश कुमार अवुरी टीडीपी प्रमुख चंद्रबाबू नायडू समेत अवुरी बहुत पार्टी भाजपा के समर्थन के साफ-साफ घोषणा कईले बाड़े। मानल जाता कि नयकी सरकार में अवुरी बहुत छोट दल एनडीए के समर्थन भी कs सकतारे। एकरा संगे विपक्षी दल के INDIA गठबंधन के 234 सीट मिलल बा।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.