CJI चंद्रचूड़ के घर पहुंचले पीएम मोदी, गणेश पूजा में शामिल भइले

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2024

  प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के भारत के सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड के आवास प पहुंचले। इहां पीएम मोदी डीवाई चंद्रचूड अवुरी उनुका परिवार के संगे घर में आयोजित गणेश पूजा में

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के भारत के सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड के आवास प पहुंचले। इहां पीएम मोदी डीवाई चंद्रचूड अवुरी उनुका परिवार के संगे घर में आयोजित गणेश पूजा में सामिल भइले अवुरी आरती भी कईले। एकरा से पहिले जब पीएम मोदी सीजेआई चंद्रचूड के घरे पहुंचले तs चंद्रचूड अवुरी उनुकर पत्नी कल्पना दास अपना घर पs मोदी के स्वागत कईले।

पीएम मोदी का कहले?

सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड के आवास पs भईल पूजा में शामिल होखे के बारे में भी पीएम मोदी जानकारी देले बाड़े। पीएम मोदी कहले कि सीजेआई जस्टिस डीवाई चंद्रचूड के आवास पs गणेश पूजा में शामिल भईले। भगवान श्री गणेश जी हमनी सब के सुख, समृद्धि आ अद्भुत स्वास्थ्य के आशीर्वाद देस।

तस्वीर में प्रधानमंत्री मोदी अवुरी मुख्य न्यायाधीश चंद्रचूड कुछ अवुरी लोग के संगे भगवान गणेश के पूजा करत देखाई देतारे। एह दौरान प्रधानमंत्री महाराष्ट्र से जुड़ल पारंपरिक परिधान पहिनले रहले।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.