Rajasthan: सेना के विमान से अमृतसर-जामनगर एक्सप्रेस-वे पs लैंड ना कs पइहें PM मोदी, एह कारण से बदलल प्लान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2023

  Rajasthan: सेना के विमान से अमृतसर-जामनगर एक्सप्रेस-वे पs लैंड ना कs पइहें PM मोदी, एह कारण से बदलल प्लान पीएम मोदी सेना के विमान से अमृतसर-जामनगर एक्सप्रेस-वे पs विमान से लैंडिंग आ टच डाउन

Share

 

Rajasthan: सेना के विमान से अमृतसर-जामनगर एक्सप्रेस-वे पs लैंड ना कs पइहें PM मोदी, एह कारण से बदलल प्लान

पीएम मोदी सेना के विमान से अमृतसर-जामनगर एक्सप्रेस-वे पs विमान से लैंडिंग आ टच डाउन ना कसे पइहें। अब ऊ बीकानेर के नाल एयरपोर्ट से हेलीकॉप्टर के उड़ान भरिहें आ ग्रीनफील्ड एक्सप्रेस-वे पs लैंड करिहें।

आठ जुलाई के राजस्थान के बीकानेर जिला के दौरा पs आ रहल पीएम मोदी सेना के विमान से एक्सप्रेस-वे पs लैंड ना कs पइहें। अमृतसर-जामनगर एक्सप्रेस-वे के विमान के लैंडिंग आ टच डाउन खातिर दुरस्त नइखे पावल गइल। काहेकि एक्सप्रेस वे पs विमान उतारे खातिर एयर स्ट्रिप नइखे। संगही ऊ एरिया में हाईटेंशन लाइन मवजूद बा। एह कारण से सेना के विमान के एक्सप्रेस-वे पs नइखे उतारल जा सकत।

अब पीएम मोदी बीकानेर के नाला एयरपोर्ट से हेलीकॉप्टर के जरिए उड़ान भरिहें अउर ग्रीनफील्ड एक्सप्रेस-वे पs लैंड करिहें। एकरा अलावे नाल एयरपोर्ट पs सीएम के काफिला के गाड़ी तैनात रहिहे सs। अगर, मौसम के कारण हेलीकॉप्टर से उड़ान भरे में कवनो समस्या आवत बा तs उनका के सड़क मार्ग से एक्सप्रेस-वे तक ले आवल जाई।

बुधवार के अधिकारी  लोग कइल जांच

बता दीं कि पीएम मोदी के बीकानेर दौरा के लेके कइयन दिन से तइयारी जारी बा। पीएम के वायुसेना के विमान से अमृतसर-जामनगर एक्सप्रेस-वे पs लैंड आ टच डाउन करे के कवायद कइल जात रहे । केंद्रीय कानून मंत्री अर्जुन राम मेघवाल एकर संकेत देले रहस। एकरा के लेके बुध के एगो मीटिंग भइल। जेमे अधिकारी लोग कहल कि एक्सप्रेस-वे पs विमान के लैंडिंग आ टचडाउन संभव नइखे। एक्सप्रेस वे पs एयर स्ट्रिप मौजूद नइखे। संगही ऊ एरिया में हाईटेंशन लाइन बा। एह में विमान के लैंडिंग से खतरा हो सकत बा।

25000 करोड़ के विकास कामन के लोकार्पण अउर शिलान्यास

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 8 जुलाई के बीकानेर में डेढ़ लाख से जादे लोगन के संगे संवाद करिहें। संगही ऊ इहां 25000 करोड रुपिया के परियोजना के शिलान्यास अउर उद्घाटन करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.