Vande Bharat Train: 10 नया वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के सौगात दिहें पीएम मोदी, जानीं कवना शहर के होई फायदा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2024

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 15 सितंबर के देस के अलग-अलग राज्यन के 10 नया वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के सौगात दिहें। ई ट्रेन उत्तर प्रदेश, पश्चिम बंगाल, ओडिशा, बिहार, छत्तीसगढ़, झारखंड, कर्नाटक, तेलंगाना, आंध्र प्रदेश आ

Share

पीएम मोदी वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के दिखइहें हरियर झंडी - फोटो : एक्स

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 15 सितंबर के देस के अलग-अलग राज्यन के 10 नया वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के सौगात दिहें। ई ट्रेन उत्तर प्रदेश, पश्चिम बंगाल, ओडिशा, बिहार, छत्तीसगढ़, झारखंड, कर्नाटक, तेलंगाना, आंध्र प्रदेश आ महाराष्ट्र के कइयन शहरन से होके गुजरी। जवना से एह शहरन में रहे वाला लोगन के बहुते फायदा होई। नया 10 वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन में से तीन अकेले ओडिशा के मिली।

एह नया वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के हरियर झंडी दिखइहें पीएम मोदी

वाराणसी-देवघर वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन

ई ट्रेन झारखंड के देवघर से वाराणसी के कैंट स्टेशन के बीच चली। ई ट्रेन सबेरे वाराणसी से देवघर खातिर रवाना होई आ फेर सांझ तीन बजे देवघर से चलके वापस वाराणसी कैंट स्टेशन पहुंची।

हावड़ा-गया वंदे भारत एक्सप्रेस

ई ट्रेन दुपहरिया में 2:25 बजे गया से हावड़ा खातिर रवाना होई आ रात करीब आठ बजे तक हावड़ा पहुंची। एकरा बाद हावड़ा से अगिला दिन सबेरे 6.50 बजे चली आ दुपहरिया में करीब 1:20 बजे गया जंक्शन पहुंची। ई ट्रेन कोडरमा, पारसनाथ, धनबाद, प्रधानखनटा, आसनसोल, दुर्गापुर से होके गुजरी।

आगरा कैंट-वाराणसी वंदे भारत एक्सप्रेस

आगरा कैंट स्टेशन से वाराणसी के बीच चले वाली ई वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन टूंडला जंक्शन, इटावा, कानपुर सेंट्रल, प्रयागराज से होके गुजरी। आगरा से सबेरे छव बजे चलके ई ट्रेन दुपहरिया में करीब एक बजे वाराणसी पहुंची। संगही दुपहरिया में 3:20 बजे ई ट्रेन वापस आगरा खातिर रवाना हो जाई।

राउरकेला-हावड़ा वंदे भारत एक्सप्रेस

ई ट्रेन सबेरे छव बजे हावड़ा से चली आ खड़गपुर, टाटानगर, चक्रधरपुर होत 11:50 बजे तक राउरकेला पहुंची। दुपहरिया में करीब 1:40 बजे ई ट्रेन वापस हावड़ा खातिर रवाना होई।

पटना-टाटानगर वंदे भारत एक्सप्रेस

ई ट्रेन सप्ताह में छव दिन संचालित हो सकत बिया। ई ट्रेन सबेरे छव बजे टाटानगर से रवाना होके सात घंटा के दूरी तय कs के बिहार के राजधानी पटना पहुंची। वापसी में ई ट्रेन दुपहरिया में तीन बजे पटना से रवाना हो जाई आ रात करीब 11 बजे टाटानगर पहुंची।

टाटानगर-बरहामपुर वंदे भारत एक्सप्रेस

टाटानगर-बरहामपुर वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन सबेरे 5:20 बजे टाटानगर से चली आ दुपहरिया में करीब 2:15 बजे बरहामपुर पहुंची। वापसी में ई ट्रेन दुपहरिया तीन बजे बरहामपुर से रवाना होई आ देर रात करीब 12 बजे टाटानगर पहुंची।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.