छत्रपति शिवाजी के मूर्ति गिरले पs पीएम मोदी मंगले माफी, जानीं का बोलले

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2024

  हाल ही में महाराष्ट्र के सिंधुदुर्ग में छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति गिर गईल रहे। एह घटना के लेके महाराष्ट्र में भारी राजनीतिक हंगामा मच गईल। आज शुक के महाराष्ट्र पहुंचला के बाद प्रधानमंत्री

Share

नरेंद्र मोदी: फोटो

 

हाल ही में महाराष्ट्र के सिंधुदुर्ग में छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति गिर गईल रहे। एह घटना के लेके महाराष्ट्र में भारी राजनीतिक हंगामा मच गईल। आज शुक के महाराष्ट्र पहुंचला के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एगो बैठक में एs घटना खातीर माफी मंगले बाड़े। पीएम मोदी एह घटना खातिर माफी मंगले बाड़न आ कहले बाड़न कि शिवाजी हमनी खातिर आराध्य बाड़े.

पीएम मोदी का कहले?

शुक के महाराष्ट्र के पालघर में पीएम मोदी कहले कि जब हमरा के पीएम उम्मीदवार घोषित भईल तs सबसे पहिले हम रायगढ़ में छत्रपति शिवाजी महाराज के जगह पs गईनी। हाल ही में सिंधुदुर्ग में जवन कुछ भी भइल बा, शिवाजी खाली नाम ना हवें, उs खाली राजा ना हवें, हमनी खातिर शिवाजी आराध्य बाड़े। शिवाजी के चरण में प्रणाम करत माफी मांगत बानी।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी महाराष्ट्र के पालघर में वाधवन बंदरगाह के शिलान्यास कइले। एह परियोजना के कुल लागत लगभग 76,000 करोड़ रुपिया बा। पीएम मोदी करीब 1560 करोड़ रुपिया के 218 मत्स्य परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास भी कईले। एह दौरान पीएम मोदी कहलन कि महाराष्ट्र खातिर बड़हन फैसला लिहल गइल बा. आजु वाढवण पोर्ट के शिलान्यास हो गइल बा. इs देश के सबसे बड़ कंटेनर पोर्ट होई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.