[the_ad_group id="30365"]

DDU : प्रो. हिमांशु पांडेय विश्वविद्यालय कार्य परिषद के सदस्य बनलें, डीडीयू परिवार में खुसी के माहौल

Prof. Himanshu Pandey Appointed as DDU Gorakhpur Executive Council Member
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (डीडीयू) खातिर एगो गर्व के खबर सामने आइल बा। विश्वविद्यालय के गणित आ सांख्यिकी विभागाध्यक्ष, सीनियर प्रोफेसर आ अभियांत्रिकी आ प्रौद्योगिकी संस्थान के अधिष्ठाता प्रो. हिमांशु पाण्डेय के विश्वविद्यालय कार्य परिषद के सदस्य नियुक्त कइल गइल बा। एह नियुक्ति के बाद विश्वविद्यालय परिवार, शिक्षक, शोधार्थी आ विद्यार्थियन में खुसी के माहौल बा।

विश्वविद्यालय कार्य परिषद में प्रो. हिमांशु पांडेय के सदस्य बनावल जाये के खबर मिलतही डीडीयू गोरखपुर के शिक्षक, शोधार्थी आ विद्यार्थी लोग उनका के बधाई देवे लागल। विश्वविद्यालय परिवार के माने के बा कि एह नियुक्ति से विश्वविद्यालय के शैक्षणिक गुणवत्ता आ प्रशासनिक बेवस्था के आउर मजबूती मिली।

प्रशासनिक अनुभव से विश्वविद्यालय के मिली फायदा

प्रो. हिमांशु पांडेय पहिलहू विश्वविद्यालय में कइयन गो महत्वपूर्ण जिम्मेदारी सफलतापूर्वक निभा चुकल बाड़ें। ऊ एचआरडीसी (HRDC) के निदेशक, क्रीड़ा परिषद के अध्यक्ष, इग्नू (IGNOU) समन्वयक आ मूल्यांकन प्रभारी जइसन अहम पद पs काम कs चुकल बाड़ें। उनकर कुशल नेतृत्व, प्रशासनिक अनुभव आ दूरदर्शी सोच के चलते विश्वविद्यालय के कइयन गो योजना सफल भइल बा।

‘शिक्षक श्री’ सम्मान से हो चुकल बाड़ें सम्मानित

शिक्षा के क्षेत्र में बेहतरीन जोगदान खातिर प्रो. हिमांशु पांडेय के ‘शिक्षक श्री’ सम्मान से सम्मानित कइल जा चुकल बा। शिक्षा, शोध आ प्रशासन – तीनो क्षेत्र में उनकर जोगदान के विश्वविद्यालय परिवार हमेसा सराहत रहल बा।

230 से जादे शोध पत्र आ 3 पेटेंट के उपलब्धि

प्रो. हिमांशु पांडेय के शोध कार्य राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय स्तर पs पहचान बना चुकल बा। उनका नाम पs 230 से जादे राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय शोध पत्र प्रकाशित बा। उनका नामे 3 गो पेटेंटो दर्ज बा। गणित, सांख्यिकी, डेटा साइंस आ अंतर्विषयक अनुसंधान के क्षेत्र में उनकर जोगदान बहुते महत्वपूर्ण मानल जाला।

शोध, नवाचार आ शिक्षा के मिली नया दिशा

विश्वविद्यालय के शिक्षक आ शोधार्थियन के माने के बा कि प्रो. हिमांशु पांडेय के अनुभव आ नेतृत्व से विश्वविद्यालय में शोध, नवाचार, शैक्षणिक गुणवत्ता आ संस्थागत विकास के नया गति मिली। कार्य परिषद में उनकर भूमिका विश्वविद्यालय के भविष्य खातिर बहुते अहम साबित हो सकेला।

विश्वविद्यालय परिवार देलस सुभकामना

एकरा अवसर पs विश्वविद्यालय परिवार, शिक्षक, शोधार्थी, विद्यार्थी आ सुभचिंतक लोग प्रो. हिमांशु पांडेय के विश्वविद्यालय कार्य परिषद के सदस्य नियुक्त होखला पs हार्दिक बधाई आ सुभकामना देले बा लो। सब केहू उनकर सफल आ गौरवपूर्ण कार्यकाल खातिर कामना कइलस।

Read Also: 23 जुलाई 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]