Bihar News: पीएम मोदी दुपहरिया बाद करिहें सिविल एन्क्लेव के शिलान्यास

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2024

दरभंगा हवाई अड्डा पऽ 912 करोड़ रुपिया के लागत से बने वाला स्थायी सिविल एन्क्लेव निर्माण कार्य के ऑनलाइन शिलान्यास प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एतवार के साँझ 04.15 बजे करीहें। एकरा संबंध में तइयारी के अंतिम

Share

दरभंगा हवाई अड्डा पऽ 912 करोड़ रुपिया के लागत से बने वाला स्थायी सिविल एन्क्लेव निर्माण कार्य के ऑनलाइन शिलान्यास प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एतवार के साँझ 04.15 बजे करीहें। एकरा संबंध में तइयारी के अंतिम रूप दिहल जा रहल बा। एकरा खातिर दरभंगा हवाई अड्डा पऽ भव्य तइयारी कइल गइल बा। शिलान्यास कार्यक्रम में राज्यपाल राजेन्द्र विश्वनाथ अरलेकर, उपमुख्यमंत्री विजय सिन्हा, जिला प्रभारी मंत्री मंगल पाण्डेय आदि मौजूद रहीहें।

शिलान्यास कार्यक्रम के तइयारी के देखत सांसद गोपालजी ठाकुर, डीडीसी चित्रगुप्त प्रसाद, सदर एसडीओ विकास कुमार, एसडीपीओ अमित कुमार, एडीएम अनिल कुमार, हवाई अड्डा के कार्यकारी महाप्रबंधक पार्थ साहा, उप महाप्रबंधक मनोज सिंह, उप महाप्रबंधक आईटी मुकेश कुमार, अश्विनी कुमार, भाजपा जिला उपाध्यक्ष सुजीत मल्लिक, महासचिव अभयानंद झा, अंकुर गुप्ता, राजू झा, गोपाल चौधरी, रजनीश सुंदरम, माधव आजाद आदि लोग सबेरे से दरभंगा हवाई अड्डा पऽ मौजूद बाड़े।

टर्मिनल के निर्माण के बाद यात्री सुविधा के विस्तार होई

स्थायी सिविल एन्क्लेव के निर्माण से यात्रियन के सुविधा बढ़ी। पर्यटन के बढ़ावा मिली। कारोबार अउरी रोजगार के क्षेत्र में बढ़ोतरी होई। एकरा से दरभंगा समेत पूरा मिथिला के विकास होई। एक साल में करीब 43 लाख यात्री के आवाजाही के ध्यान में राखत एह विशाल टर्मिनल भवन के डिजाइन बनावल गइल बा। एप्रन में एक संगे 14 यात्री विमान खड़ा करे के सुविधा होई। निर्माण के काम 78 एकड़ जमीन पऽ होखे वाला बा। एकरा पऽ 914 करोड़ रुपया के लागत आई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.