दक्षिण अफ्रीका के दु दिवसीय दौरा पs जइहें पीएम मोदी, ब्रिक्स समिट में लीहें भाग

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 19, 2023

  BRICS Summit 2023 : प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 22 से 24 अगस्त ले दक्षिण अफ्रीका के जोहान्सबर्ग में 15वां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन (ब्रिक्स) में शामिल होईहे। विदेश मंत्रालय ई जानकारी शुक (18 अगस्त) के दिहले।

Share

 

BRICS Summit 2023 : प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 22 से 24 अगस्त ले दक्षिण अफ्रीका के जोहान्सबर्ग में 15वां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन (ब्रिक्स) में शामिल होईहे। विदेश मंत्रालय ई जानकारी शुक (18 अगस्त) के दिहले।

विदेश मंत्रालय आगे जानकारी दिहलस कि एकरा बाद पीएम मोदी प्रधानमंत्री किरियोकोस मित्सोटाकिस के नेवता पs शुक (25 अगस्त) के ग्रीस के दौरा करीहें। देश के एगो प्रधानमंत्री चालीस साल बाद ग्रीस के दौरा करीहें।

शी जिनपिंग भी एहमें शामिल होखीहें

चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग भी ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में भाग लीहें। चीन के विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता चुआंग (Hua Chuniying) कहले कि, “दक्षिण अफ्रीका के राष्ट्रपति सिरिल रामाफोसा के निमंत्रण पs शी जिनपिंग ए शिखर सम्मेलन में शामिल होईहे। ” दरअसल भारत के अलावे ब्रिक्स समूह में चीन, रूस, दक्षिण अफ्रीका अवुरी ब्राजील शामिल बा।

ब्रिक्स के शुरुआत कईसे भईल?

ब्रिक्स पहिले BRIC (ब्राजील, रूस, भारत आ चीन) रहे। एह चारो देशन के नेता लोग जुलाई 2006 में रूस के सेंट पीटर्सबर्ग में जी-8 आउटरीच शिखर सम्मेलन में मिलल रहले। एकरा बाद सितंबर 2006 में एकरा के औपचारिकता दिहल गईल। एकरा बाद दक्षिण अफ्रीका भी एकरा में शामिल हो गईल, फिर ब्रिक्स समूह बन गईल।

ब्रिक्स के का मकसद बा?

ब्रिक्स के पहिला उद्देश्य राजनीतिक अवुरी सुरक्षा बा। एकरा तहत ब्रिक्स से जुड़ल देश के वैश्विक, क्षेत्रीय सुरक्षा अवुरी वैश्विक राजनीतिक क्षेत्र में बातचीत बढ़ावे के होई। दूसरा उद्देश्य आर्थिक अउरी वित्तीय बा| एकरा हिसाब से व्यापार, कृषि, बुनियादी ढांचा समेत बहुत क्षेत्र में सहयोग बढ़ावे के पड़ेला। एकरा अलावे ब्रिक्स से जुड़ल देश के लोग के सांस्कृतिक, शैक्षणिक, युवा अवुरी खेल के क्षेत्र में संपर्क मजबूत करे के बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.