India on Iran-US Deal : अमेरिका-ईरान समझौता पs पीएम मोदी कहलें- सहमति के स्वागत बा, बातचीत से टिकाऊ आ अंतिम समझौता के उम्मीद

PM Modi Siliguri Rally: BJP Government Claim After May 4

Share

नई दिल्ली। अमेरिका आ ईरान के बीच शांति समझौता के एलान के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एकर स्वागत कइले बाड़ें। पीएम मोदी कहलें कि एह सहमति से पश्चिम एशिया में शांति आ इस्थिरता बहाल होखे के उम्मेद बा। ऊ कहलें कि बाकी मुद्दा पs बातचीत के माध्यम से एगो टिकाऊ आ अंतिम समझौता हो सकेला।

पीएम मोदी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट साझा करत लिखलें, “हम पश्चिम एशिया में संघर्ष खतम करे खातिर अमेरिका आ ईरान के बीच बनल सहमति के स्वागत करत बानी। एह संघर्ष के चलते दुनिया भर में आर्थिक उथल-पुथल भइल बा आ कइयन गाे देस में जान-माल के नुकसानो भइल बा।”

प्रधानमंत्री कहलें कि भारत के उम्मेद बा कि एह समझौता के लागू करे से इलाका में शांति आ इस्थिरता वापस आई। संगही, आवाजाही आ बेयपार के आजादी सुनिश्चित हो सकेला।

अमेरिका-ईरान के बीच शांति समझौता के एलान

पीएम मोदी के प्रतिक्रिया अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओह एलान के बाद आइल बा, जवना में ऊ अमेरिका आ ईरान के बीच शांति समझौता पs सहमति बने के जानकारी देले रहलें। ट्रंप बतवलें कि समझौता के तहत अमेरिका होर्मुज जलडमरूमध्य से नाकेबंदी खतम करी आ ईरानो जहाज के स्वतंत्र आवाजाही सुनिश्चित करी। ईरान के ओर से एह समझौता पs सहमति बने के पुष्टि कइल गइल बा।

अमेरिका आ ईरान के बीच एह शांति समझौता पs सुक के स्विट्जरलैंड के जिनेवा में हस्ताक्षर होखे के संभावना बा। समझौता के खबर सामने आवतही दुनिया भर के बाजारन में सकारात्मक माहौल देखे के मिलल। एशियाई बाजार में तेजी आइल आ कच्चा तेल के दाम में गिरावट दर्ज भइल बा।

इस्राइल के बयान से बढ़ल चिंता

हालांकि एह समझौता के लेके इस्राइल के रुख चिंता बढ़ावे वाला बा। इस्राइल के सुरक्षा मंत्री इतामार बेन ग्वीर कहले बाड़ें कि ई समझौता इस्राइल पs लागू ना होई।

ऊ कहलें कि इस्राइल एगो स्वतंत्र आ संप्रभु राष्ट्र बा आ अपना सुरक्षा से जुड़ल फैसला खुद ली। उनका मोताबिक, इस्राइल अमेरिका के सम्मान करेला आ राष्ट्रपति ट्रंप के धन्यवाद देत बा, बाकिर राष्ट्रीय सुरक्षा के ममिला में कवनो बाहरी समझौता ओकर फैसला तय ना कs सकेला। बेन ग्वीर कहलें कि इस्राइल खातिर सबसे ऊपर ओकर सुरक्षा आ नागरिकन के रक्षा बा। ऊ इहो कहले कि अतीत में अंतरराष्ट्रीय दबाव के आगे झुके के कीमत इस्राइल कइयन बेर चुकवले बा।

Read Also: New Smartphone Launch : 11000 mAh बैटरी वाला नया 5G फोन एह तारीख के होई लॉन्च, स्नैपड्रैगन प्रोसेसर आ ड्रॉप प्रोटेक्शन मिली

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-