[the_ad_group id="30365"]

New Smartphone Launch : 11000 mAh बैटरी वाला नया 5G फोन एह तारीख के होई लॉन्च, स्नैपड्रैगन प्रोसेसर आ ड्रॉप प्रोटेक्शन मिली

11000mAh battery phone
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। स्मार्टफोन बाजार में एह दिनन दमदार बैटरी वाला फोन के मांग तेजी से बढ़ रहल बा। हाल के समय में कइयन गो स्मार्टफोन 7000mAh से लेके 10000mAh तक के बैटरी के संगे लॉन्च भइल बा। अब एह रेस में हॉनर (HONOR) एक डेग आउर आगे बढ़े के तइयारी में बा।

कंपनी अगिला हफ्ता एगो अइसन स्मार्टफोन लॉन्च करे जा रहल बिया, जवना में 11000mAh के जबरदस्त सिलिकॉन-कार्बन बैटरी देखे के मिल सकेला। कंपनी एह फोन के HONOR X80 Pro Max नाम से पेश करे वाली बिया।

HONOR X80 Pro Max के लॉन्च डेट

हॉनर के नया स्मार्टफोन HONOR X80 Pro Max चीन में 22 जून के लॉन्च होखे जा रहल बा। ई फोन कंपनी के X80 सीरीज के अगिला मॉडल होई। कंपनी इहो कन्फर्म कइले बिया कि फोन चार रंगन में आई। एमे एनर्जेटिक ऑरेंज, लाइटनिंग रेड, मून शैडो व्हाइट आ मिस्टिक ब्लैक कलर सामिल बा।

11000mAh के दमदार बैटरी

HONOR X80 Pro Max के सबसे खास फीचर एकर 11000mAh सिलिकॉन-कार्बन बैटरी होई। कंपनी के दावा बा कि ई अब तक के कवनो स्मार्टफोन में मिले वाली सबसे बड़ बैटरी में से एगो हो सकेला। फोन में 90W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट मिली। संगही 27W रिवर्स वायर्ड चार्जिंग फीचर दिहल जा सकेला, जवना से ई फोन दोसर डिवाइस के चार्ज करे में मदद करी। एह फोन में गोल्ड-स्टैंडर्ड ड्रॉप प्रोटेक्शन आ फ्री स्क्रीन रिप्लेसमेंट सुविधा मिले के संभावना बा।

कैमरा आ प्रोसेसर के खासियत

कंपनी के टीजर से पता चलत बा कि HONOR X80 Pro Max में 50MP के रियर कैमरा मिल सकेला। लीक रिपोर्ट के माेताबिक फोन में 6.78 इंच के 1.5K OLED डिस्प्ले दिहल जा सकेला। फोन के बॉडी वाटरप्रूफ आ ड्रॉप रेसिस्टेंट होखे के संभावना बा। परफॉर्मेंस खातिर एमे Qualcomm Snapdragon 6 Gen 5 चिपसेट मिल सकेला।

जदि ई फोन बाजार में आवेला तs दमदार बैटरी, मजबूत बॉडी आ पावरफुल प्रोसेसर के कारण ई स्मार्टफोन यूजर लोग के बीच एगो आकर्षक विकल्प बन सकेला।

Read Also: NCPI : 2023 में रजिस्ट्रेशन आ खाली 822 वोट, अब पार्टी के लगे 20 सांसद, जानीं एनसीपीआई के इतिहास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]