PM Modi in Varanasi : काशी में पीएम मोदी के भव्य स्वागत, भगवामय भइल माहौल; तस्वीरन में देखी झलकी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2025

वाराणसी। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के वाराणसी आगमन से पहिले पूरा शहर उत्साह आ उमंग से सराबोर नजर आइल। बियफे के सबेरही से पुलिस लाइन चौराहा से लेके मिंट हाउस, नदेसर आ आसपास के मार्गोन पs

Share

वाराणसी। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के वाराणसी आगमन से पहिले पूरा शहर उत्साह आ उमंग से सराबोर नजर आइल। बियफे के सबेरही से पुलिस लाइन चौराहा से लेके मिंट हाउस, नदेसर आ आसपास के मार्गोन पs भाजपा कार्यकर्ता vk मोदी समर्थकन के भीड़ उमड़ पड़ल। हर ओर भगवा रंग के छटा बिखरल रहे। प्रधानमंत्री के स्वागत खातिर विशेष तइयारी कइल गइल, ओहिजा उनका संगे आइल मॉरीशस के प्रधानमंत्री नवीनचंद्र रामगुलाम के स्वागत के लेके लोगन में खासा उत्साह देखल गइल।

राज्यपाल आ मुख्यमंत्री कइल लो पीएम के स्वागत

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बियफे के सबेरे वायुसेना के विशेष विमान से वाराणसी के लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट पहुंचलें। विमान से उतरतही राज्यपाल आनंदीबेन पटेल, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, दूनो उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आ बृजेश पाठक सहित सब मंत्री गर्मजोशी से स्वागत कइल। एह दौरान मुख्य सचिव आ डीजीपी मवजूद रहलें।

सबेरे से जुटन भीड़, गूंजल नारा

सबेरे 11 बजे के आसपास लोग बड़ संख्या में सड़कन पs आके खड़ा हो गइल। जगह-जगह लोग प्रधानमंत्री मोदी आ उनकर मित्र, मॉरीशस के प्रधानमंत्री नवीनचंद्र रामगुलाम के एगो झलक पावे के उत्सुक रहे। जइसही आगमन के समय नजदीक आइल, सड़क किनारे ‘मोदी-मोदी’ आ ‘भारत माता के जय’ के नारा गूंजे लागल।

11:14 बजे वाराणसी पहुंचलें प्रधानमंत्री

ठीक सबेरे 11:14 बजे प्रधानमंत्री मोदी के उड़खटोला पुलिस लाइन इस्थित अस्थाई हेलीपैड पs उतरल। प्रधानमंत्री के वाराणसी पहुंचतही लोगन में उत्साह आउर बढ़ गइल। ढोल-नगाड़न के थाप पs समर्थक जश्न मनावल सुरू कs दिहल।

प्रशासन आ कार्यकर्ता के रहल तइयारी

प्रधानमंत्री के स्वागत के लेके प्रशासन व्यापक इंतजाम कइलस। सुरक्षा के कड़ा बंदोबस्त के बीच पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारी मोर्चा संभारल लाेग। भाजपा पदाधिकारी शहर भर में तोरणद्वार, स्वागत गेट आ पोस्टरन से माहौल के सजावल।

Read Also: श्रीनगर में सियासी संग्राम : मेहराज मलिक के गिरफ्तारी के खिलाफ श्रीनगर पहुंचलें संजय सिंह, पुलिस कइलस नजरबंद

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.