ताशकंद। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के उज्बेकिस्तान के सर्वोच्च सम्मान से सम्मानित कइल गइल बा। राष्ट्रपति शौकत मिर्जियोयेव एगो खास समारोह में पीएम मोदी के ई सम्मान प्रदान कइलें। एकरा से पहिले ताशकंद में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ राष्ट्रपति शौकत मिर्जियोयेव के बीच द्विपक्षीय बातचीत भइल।
दुनो देस के प्रतिनिधिमंडल के नेतृत्व दुनो राष्ट्राध्यक्ष कइलें। बैठक में भारत आ उज्बेकिस्तान के बीच आर्थिक सहजोग, तकनीक, ऊर्जा, कारोबार आ रणनीतिक साझेदारी के आउर मजबूत करे पs जोर दिहल गइल। एह दौरान दुनो देस के संबंधन के व्यापक रणनीतिक साझेदारी के दर्जा देवे के दिशा में आगे बढ़े के घोषणा कइल गइल।
दुनो देस लेलस कइयन गो अहम फैसला
द्विपक्षीय वार्ता के बाद पीएम मोदी कहलें कि भारत आ उज्बेकिस्तान कइयन गो अहम फैसला लेले बा आ एह फैसला पs दुनो पक्ष के टीम सहमत बा। प्रधानमंत्री बतवलें कि आपसी सहजोग के अलग-अलग पहलू के दिशा देवे खातिर बिदेस मंत्री स्तर पs समन्वय परिषद (Coordination Council) बनावल जाई। एकरा अलावे दुनो देस के संयुक्त आयोग के सचिव स्तर से बढ़ाके मंत्री स्तर तक ले जाये के फैसला भइल बा।
बिजनेस समिट के होई आयोजन
पीएम मोदी कहलें कि दुनो देस मिलके एगो बिजनेस समिट के आयोजन करी, जवना में भारत आ उज्बेकिस्तान दुनो देस के बिजनेस लीडर सामिल होइ लाे।
उज्जबेकिस्तान से भारत के यूरेनियम सप्लाई खातिर दीर्घकालिक बेवस्था बनावे पs सहमति बनल बा। प्रधानमंत्री तीन सिस्टर-सिटी आ सिस्टर-स्टेट बेवस्था के जिकिर कइलें आ कहलें कि एकर क्षमता के पूरा इस्तेमाल करे खातिर रोडमैप बनावे के जरूरत बा।
पीएम मोदी उज्बेकिस्तान के ‘न्यू ताशकंद’ जइसन मेगा प्रोजेक्ट के उदाहरण देत भारत के गुजरात में बनल GIFT City के उल्लेख कइलें। ऊ कहलें कि उज्बेकिस्तान से एगो प्रतिनिधिमंडल भारत आके तकनीक के इस्तेमाल के अध्ययन कs सकेला।
मिर्जियोयेव कइलें भारत के प्रगति के तारीफ
उज्बेकिस्तान के राष्ट्रपति शौकत मिर्जियोयेव प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में भारत के प्रगति के जमके तारीफ कइलें। ऊ कहलें कि मोदी के नेतृत्व में भारत हर क्षेत्र में उल्लेखनीय परिणाम हासिल कs रहल बा, आर्थिक विकास के तेज रफ्तार बना के रखले बा आ कइयन गो बड़ प्रोजेक्ट के सफलतापूर्वक लागू कs रहल बा।
राष्ट्रपति मिर्जियोयेव डिजिटलाइजेशन, सूचना प्रौद्योगिकी, आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस, अंतरिक्ष अन्वेषण सहित कइयन गो क्षेत्र में भारत के प्रगति के असाधारण बतवलें। संगही वैश्विक ममिलन में भारत के आवाज आ प्रभाव मजबूत होखे के बात कहलें।
दू दिन के दौरा पs उज्बेकिस्तान पहुंचल रहस पीएम मोदी
एकरा से पहिले दू दिन के यात्रा पs उज्बेकिस्तान पहुंचला पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के भव्य स्वागत कइल गइल। यात्रा के दौरान पीएम मोदी राष्ट्रपति मिर्जियोयेव के संगे प्रतिनिधिमंडल स्तर के वार्ता कइलें।
दुनो नेता भारत आ उज्बेकिस्तान के बीच रणनीतिक साझेदारी के आउर मजबूत करे, आर्थिक संबंध बढ़ावे आ ऊर्जा, तकनीक आ कारोबार सहित कइयन गो क्षेत्र में सहजोग बढ़ावे पs चर्चा कइल।
Read Also: Chhapra : पाटलिपुत्र-लखनऊ ट्रेन पs पथराव, गेट के लगे बइठल यूपी के यात्री घायल






