[the_ad_group id="30365"]

Chhapra : पाटलिपुत्र-लखनऊ ट्रेन पs पथराव, गेट के लगे बइठल यूपी के यात्री घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। छपरा कचहरी से छपरा जंक्शन के बीच रेलवे ट्रैक के किनारे बइठल असामाजिक तत्वन के करतूत एक बेर फेर यात्रियन के सुरक्षा पs भारी पड़ल बा।

पाटलिपुत्र-लखनऊ ट्रेन में सफर कs रहल उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद निवासी मोहम्मद वकील के अचानक बाहर से आइल पत्थर लाग गइल। पत्थर लागे से ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घटना के बाद रेल पुलिस सक्रिय हो गइल आ ममिला में प्राथमिकी दर्ज कs के आरोपि;न के तलाश सुरू कs दिहल गइल बा।

दरवाजा के लगे बइठल यात्री के लागल चोट

मिलल जानकारी के मोताबिक, सुक के मोहम्मद वकील पाटलिपुत्र-लखनऊ ट्रेन से यात्रा करत रहलें। ऊ ट्रेन के दरवाजा के लगे बइठल रहलें। ट्रेन जब छपरा कचहरी आ छपरा जंक्शन के बीच पहुंचल, तबे अचानक बाहर से पत्थर फेंकल गइल। पत्थर के चपेट में आके मोहम्मद वकील गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घटना के बाद ऊ ट्रेन के गार्ड के जानकारी देलें।

गार्ड रेल कंट्रोल के देलें सूचना

यात्री के घायल होखे के सूचना मिलते ट्रेन के गार्ड तुरंत रेल कंट्रोल के घटना के जानकारी देलें। घायल यात्री सिवान में आपन फर्द बयान दर्ज करववलें। बाद में फर्द बयान छपरा कचहरी जीआरपी के भेजल गइल। एह बयान के आधार पs रेल पुलिस जांच सुरू कs देलस।

प्राथमिकी दर्ज, आरोपियन के तलाश में छापेमारी

रेल एसपी वीणा कुमारी के निरदेस पs इंस्पेक्टर बीपी आलोक के निर्देशन में छपरा कचहरी जीआरपी थाना में थानाध्यक्ष शैलेश कुमार तिवारी प्राथमिकी दर्ज कइलें।

पुलिस टीम आरोपियन के पहचान आ गिरफ्तारी खातिर संभावित ठिकानन पs लगातार छापेमारी कs रहल बिया। संगही रेलवे ट्रैक के आसपास के संवेदनशील जगहन के बारे में जानकारी जुटावल जा रहल बा।

रेलवे ट्रैक किनारे फ्लैग मार्च, माइकिंग से जागरूकता

घटना के बाद रेल पुलिस आ आरपीएफ सुरक्षा बेवस्था आउर कड़ा कs देलस। आरपीएफ प्रभारी विनोद कुमार यादव, छपरा जीआरपी थानाध्यक्ष गुंजन कुमार आ छपरा कचहरी जीआरपी थानाध्यक्ष शैलेश कुमार तिवारी के नेतृत्व में छपरा कचहरी से छपरा जंक्शन तक रेलवे ट्रैक के किनारे फ्लैग मार्च निकालल गइल।

एह दौरान संवेदनशील जगहन के जायजा लिहल गइल। माइकिंग के माध्यम से लोगन से चलत ट्रेन पs पत्थर ना फेंके के अपील कइल गइल। पुलिस साफ चेतावनी देलस कि पथराव करे वाला लोगन के खिलाफ कड़ा कानूनी कार्रवाई कइल जाई।

Read Also: Nepal Flood : नेपाल में फ्लैश फ्लड के बाद अब महामारी के खतरा, अस्पताल फुल, लाश से उठ रहल बा दुर्गंध…

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]