अहमदाबाद से वाराणसी ले पीएम मोदी के आजु धुआंधार दौरा; जानी पूरा कार्यक्रम

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2024

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु गुजरात आ वाराणसी के दौरा पs बाड़न। पीएम मोदी सबसे पहिले सबेरे अहमदाबाद जइहें, जहां उs अमूल सहकारी के स्वर्ण जयंती समारोह में भाग लीहे। नरेंद्र मोदी स्टेडियम में होखे वाला

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु गुजरात आ वाराणसी के दौरा पs बाड़न। पीएम मोदी सबसे पहिले सबेरे अहमदाबाद जइहें, जहां उs अमूल सहकारी के स्वर्ण जयंती समारोह में भाग लीहे। नरेंद्र मोदी स्टेडियम में होखे वाला एह समारोह में 1.25 लाख से अधिका किसान भाग ले रहल बाड़े। पीएम मोदी आजु मेहसाणा में वाडीनाथ धाम मंदिर के उद्घाटन भी करे जा रहल बाड़े। एकरा अलावे पीएम मोदी नवसारी अवुरी काकरापार में 25 हजार करोड़ के परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास करे जा रहल बाड़े। पीएम मोदी आजु देर साँझ अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के दौरादौरा करिहें जहाँ काल्हु ऊ बहुते कार्यक्रमन में भाग लीहें। आजु वाराणसी में पीएम मोदी के भव्य स्वागत कार्यक्रम के आयोजनो कइल गइल बा।

1.25 लाख से अधिका किसानन के करिहें अभिनंदन 

आजु प्रधानमंत्री मोदी दिल्ली से अहमदाबाद आ फेर अहमदाबाद से काशी के दौरा पs बाड़न। पीएम मोदी आजु एक दिन में लगभग 1800 किलोमीटर हवाई यात्रा करे जा रहल बाड़े। एक दिन में एह सफर से पता चलत बा कि पीएम कवना मोड में बाड़े। पीएम मोदी के सफर गुजरात से शुरू होखे वाला बा। अहमदाबाद के लाखों किसानन के शुभकामना से पीएम मोदी के स्वागत करे के तइयारी पूरा हो गइल बा। सबेरे 10.45 बजे पीएम मोदी नरेंद्र मोदी स्टेडियम चहुँप जइहें जहाँ अमूल ब्रांड देबे वाला गुजरात सहकारी दुग्ध विपणन महासंघ आपन स्वर्ण जयंती मनाई। एह कार्यक्रम में गुजरात के 18 हजार 600 गांव से 1.25 लाख से अधिका डेयरी किसान भाग लीहें। खास बात इs होई कि एs समारोह में 45 प्रतिशत डेयरी किसान महिला होईहे।

पीएम मोदी वाड़ीनाथ मंदिर पहुंचिहें

एकरा बाद नरेंद्र मोदी स्टेडियम से पीएम मोदी सीधे मेहसाणा के वाड़ीनाथ मंदिर पहुंच जइहें। वाड़ीनाथ धाम के सबसे बड़ गादी यानी गुजरात के रबारी समाज गड्डी के रूप में जानल जाला। गुजरात में राबारी समुदाय के आबादी लगभग 70 लाख बा। 900 साल पहिले प्रकट भइल शिवलिंग एह मंदिर में स्थापित बा। मंदिर के निर्माण 12 साल पहिले शुरू भईल रहे अवुरी आज पूरा हो चुकल बा। लगभग 150 फीट ऊँच आ 165 फीट चौड़ा ई मंदिर डेढ़ लाख घन फीट में फइलल बा। राजस्थान आ ओडिशा के मूर्तिकार 12 साल के नक्काशी के बाद इहाँ 68 धार्मिक स्तंभ बनवले बाड़े।

काशी में पीएम के कार्यक्रम 

बता दीं कि आजु अपना गुजरात यात्रा के दौरान पीएम मोदी मेहसाणा,वाड़ीनाथ आ काकरापारी में 25 हजार करोड़ से अधिका के परियोजना उपहार में दिहें। गुजरात दौरा के बाद पीएम मोदी देर सांझ काशी पहुंच जइहें। हवाई अड्डा से बरेका गेस्ट हाउस जाए के राह में छह जगहा पीएम मोदी के स्वागत करे के तइयारी हो गइल बा। अगिला दिने पीएम मोदी काशी में बनास अमूल प्लांट के उद्घाटन करीहें। एकरा संगे पीएम 36 परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास भी करीहे। पीएम काशी में जनसभा के भी संबोधित करीहे। एकरा से पहिले पीएम मोदी बीएचयू स्वतंत्रता भवन के संगे-संगे संत रविदास के जन्मभूमि सीर गोवर्धन के दौरा भी करीहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.