Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Assembly Elections: नगालैंड में बोलले PM मोदी- पूर्वोत्तर के ATM मानत रहे कांग्रेस, हमरा खातिर ई अष्टलक्ष्मी

प्रधानमंत्री मोदी मेघालय के शिलॉन्ग में एगो रोड शो भी करिहें। प्रधानमंत्री के जतरा के लेके दुनो राज्यन में सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कईल गईल बा ।

976

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज (शुक) के  चुनावी राज्य नगालैंड आ मेघालय के दउरा पs बाड़ें। पीएम सबसे पहिले नगालैेंड के दीमापुर पहुंले, जहां उ एगो रैली के  संबोधित कइले। मोदी  कहलें कि कांग्रेस नगालैंड के सरकार के रिमोट कंट्रोल से चलवलस…दिल्ली से लेके दिमापुर तक इ लोग  परिवारवादे के प्राथमिकता दे रखले रहे लो , बाकिर हमनी  के सरकार पूरा नॉर्थ-ईस्ट खातिर दिल्ली के सरकार के सोंचवे के बदल देले बिया। कांग्रेस  पूर्वोत्तर के एटीएम मनले रहे … सरकार के  पइसा जनता तक ना , बलुक करप्ट पार्टियन के  तिजोरी में पहुंचत रहे । बाकिर हम पूर्वोत्तर के आठ  गो राज्यन के कांग्रेस के लेखा एटीएम ना बलुक  ‘अष्ट लक्ष्मी’ मानेनी जा ।

‘पूर्वोत्तर के बांटेवाली  राजनीति के  भाजपा  बदलस’

पीएम  कहलें कि हमार इ प्रयास बा  कि दिल के दूरियन के भी मिटावल  जाए आ दिल्लीयो दूरी कम होखे। बीतल 9 बरिसन  में हम खुदे दर्जन बेर से बेसी  एहिजा  आईल बानी । नगालैंड के पहिला महिला राज्यसभा सांसद देबे के मवको  एनडीए सरकार के मिलल बा। मोदी  कहलें  कि अपना  लोगन पस अविश्वास कईके देश ना चलेला … देश चलेला अपना  लोगन  के  सम्मान कईके, उनकर समस्यन के समाधान कइके। पहिले जहां नॉर्थ-ईस्ट में बांटे के राजनीति चलत रहे  ओकरा के भाजपा  बदलले बिया  |

‘क्षेत्र आ धरम के देखी  के भेदभाव ना करेनी  हम’

एनडीए सरकार ‘सबका साथ, सबका विकास, सबका विश्वास अउरी  सबका प्रयास’ के मंत्र पs आगे बढ़ रहल बिया । हम गरीबन , आदिवासियन आ महिला लोगन  के विकास पs बहुत जादे फोकस कर रहल  बानी आ एहिसे  हमनी के   लगभग हर योजना में एह  वर्गन  के  प्राथमिकता दिहल जा रहल बा । पिछला  साढ़े तीन बरिसन  में ही नागालैंड के साढ़े तीन लाख से बेसी परिवारन तक पाइप से पानी पहुंचावल गइल बा आ एकर सबसे बेसी लाभ हमनी के आदिवासी महिला लोगन के  भईल बा ।  हमनी के नु क्षेत्र के देखि के भेदभाव करेनी जा अउरी नु धरम के देखी के ।

मेघालयो में  पीएम के बा कार्यक्रम

नगालैंड के बाद पीएम मेघालयो  जाइहें, जहवां शिलॉन्ग में एगो रोड शो के आयोजन होई। प्रधानमंत्री के जतरा के लेके दुनो  राज्यन  में सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल  गइल  बा । पार्टी के एगो वरिष्ठ नेता  कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 27 फरवरी के होखे वाला विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा उम्मीदवारन के समर्थन में शिलांग में एगो रोड शो में भाग लिहें। साथहीं उ पश्चिमी मेघालय के तुरा में चुनावी रैली के संबोधित करिहें।

भाजपा मेघालय के अध्यक्ष अर्नेस्ट मावरी  कहले कि प्रधानमंत्री भोरे  11 बजे राज्य के तीन  गो स्वतंत्रता सेनानी लोगन  यू टिरोट सिंग, यू कियांग नांगबाह आ पा तोगन संगमा के पुष्पांजलि अर्पित कईला  के बाद शिलांग शहर के बीचोबीच ख्यानदाइलाद (Khyndailad) क्षेत्र में रोड शो में भाग लिहीं अउरी एकरा बाद लोगन के संबोधित करिहें।

रोड शो के बादे पीएम मोदी दुपहरिया  में वेस्ट गारो हिल्स जिला के तुरा खातिर उड़ान भरिहें, जहाँ उ बीसीसीआई के आलोटग्रे स्टेडियम (Alotgre Stadium) में एगो रैली के संबोधित करिहें। बता दिहीं कि , प्रधानमंत्री मोदी पहिले 120 करोड़ रुपया से बेसी के लागत से बनल पीए संगमा स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में रैली के संबोधित करे वाला रहले, बाकिर खेल विभाग सुरक्षा चिंता के हवाला देतs अनुमति देबे से साफे  इनकार कई देले रहे ।

468880cookie-checkAssembly Elections: नगालैंड में बोलले PM मोदी- पूर्वोत्तर के ATM मानत रहे कांग्रेस, हमरा खातिर ई अष्टलक्ष्मी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.