विनेश फोगाट के डिस्क्वालीफाई के बाद पीएम मोदी कइले ट्वीट, हौसला बढ़ावत कहले ई बात

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2024

  पेरिस ओलंपिक में 50 किलोग्राम के कुश्ती स्पर्धा में फाइनल से पहिले भी अधिक वजन के चलते भारतीय पहलवान विनेश फोगाट के अयोग्य करार दिहल गईल रहे। विनेश के अयोग्य करार दिहला के बाद

Share

 

पेरिस ओलंपिक में 50 किलोग्राम के कुश्ती स्पर्धा में फाइनल से पहिले भी अधिक वजन के चलते भारतीय पहलवान विनेश फोगाट के अयोग्य करार दिहल गईल रहे। विनेश के अयोग्य करार दिहला के बाद पीएम नरेंद्र मोदी ट्वीट कs के भारतीय पहलवान के हौसला बढ़वले. प्रधानमंत्री मोदी कहले कि, “विनेश, आप चैंपियन के बीच चैंपियन बानी! आप भारत के गौरव अवुरी हर भारतीय खातीर प्रेरणा हई। इs बहुत दुखद बा। काश भावना के शब्द में व्यक्त कईल जात। रउरा भारत के गौरव अवुरी हर भारतीय खातिर प्रेरणा बानी।

प्रधानमंत्री मोदी विनेश फोगाट के प्रोत्साहित कईले

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी विनेश फोगाट के प्रोत्साहित करत कहले कि हम जानतानी कि चुनौती के सामना निर्भीकता से कईल हमेशा से आपके स्वभाव रहल बा। मजबूती से वापस आ जाइए! हमनी के सब केहू रउरा साथे बानी जा।

पीएम मोदी पीटी उषा से बात कईले

पीएम मोदी एs संबंध में भारतीय ओलंपिक संघ के अध्यक्ष पीटी उषा के भी बात कईले बाड़े। प्रधानमंत्री पीटी उषा से मामला के जानकारी लेले अवुरी सभ विकल्प पs भी चर्चा कईले।  प्रधानमंत्री उनुका से विनेश के मामला में मदद खातीर सभ विकल्प के खोज करे के कहले। संगही, उs पीटी उषा से निहोरा कईले कि जदी विनेश के मदद मिलता तs उनुका अयोग्यता के लेके कड़ा विरोध दर्ज करस।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.