लईकन के परीक्षा के वजह से पीएम मोदी बदलले आपन कार्यक्रम के समय

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2025

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के दिने होखे वाला ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में भाग लीहें. हालांकि पीएम मोदी अपना कार्यक्रम में कुछ बदलाव कईले बाड़े। निर्धारित कार्यक्रम के मुताबिक प्रधानमंत्री मोदी जीआईएस के आयोजन स्थल खातीर

Share

बदलले आपन कार्यक्रम के समय

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के दिने होखे वाला ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में भाग लीहें. हालांकि पीएम मोदी अपना कार्यक्रम में कुछ बदलाव कईले बाड़े। निर्धारित कार्यक्रम के मुताबिक प्रधानमंत्री मोदी जीआईएस के आयोजन स्थल खातीर सबेरे 9.45 बजे रवाना होखे के रहे। बाकिर अब पीएम मोदी सबेरे दस बजे एह कार्यक्रम खातिर निकल जइहें. मध्य प्रदेश के स्कूलन में सालाना परीक्षा चल रहल बा. छात्र के सबेरे स्कूल पहुंचे के पड़ेला। विद्यार्थियन के कवनो असुविधा के सामना ना करे के ध्यान राखत पीएम मोदी अपना कार्यक्रम में बदलाव कइले बाड़न. 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

मध्य प्रदेश के नया औद्योगिक नीति के शुरुआत कइल जाई


भोपाल के राष्ट्रीय मानव संग्रहालय में होखे वाला एह शिखर सम्मेलन में प्रधानमंत्री मोदी मध्य प्रदेश के औद्योगिक नीतियन के शुरुआत करीहें, आ भारत आ विदेश से आवे वाला निवेशकन, उद्योगपति, प्रवासी भारतीय आ स्टार्टअप के संबोधित करीहें आ मुख्यमंत्री डॉ. मोहन यादव के मौजूदगी में राज्य के 18 से अधिका नया नीतियन के अनावरण करीहें. एहमें औद्योगिक, खाद्य, निर्यात, एमएसएमई, स्टार्टअप, जीसीसी, सेमी कंडक्टर, ड्रोन, पर्यटन, फिल्म निर्माण नीति शामिल बा.

एह शिखर सम्मेलन में भाग लेबे वाला प्रमुख उद्योगपतिन में आदित्य बिड़ला समूह के अध्यक्ष कुमार मंगलम बिड़ला, अडानी समूह के अध्यक्ष गौतम अडानी, गोदरेज इंडस्ट्रीज लिमिटेड के अध्यक्ष आ एमडी नादिर गोदरेज, रसना प्राइवेट लिमिटेड के समूह अध्यक्ष पिरुज खंबाटा, भारत फोर्ज लिमिटेड के अध्यक्ष आ बाबा एन कल्याणी, सन फार्मास्युटिकल्स लिमिटेड के ग्लोबल हेड ऑफ ऑपरेशंस राहुल अवस्थी आ एसीसी लिमिटेड के सीईओ नीरज अखौरी जइसन दिग्गज शामिल बाड़े.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.