नई दिल्ली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारतीय राजनीति में एगो नया इतिहास रच देलें। लगातार चुनल गइल प्रधानमंत्री के रूप में ऊ अब सबसे लमहर समय तक शासन करे वाला प्रधानमंत्री बन गइल बाड़ें। एही उपलब्धि के संगे ऊ देस के पहिला प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के रिकॉर्डो पीछे छोड़ देलें। नेहरू लगातार 4,398 दिन तक प्रधानमंत्री पद पs रहलें, जबकि पीएम मोदी अब एह अवधि के पार कs गइल बाड़ें।
प्रधानमंत्री मोदी के नेतृत्व में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) सरकार 26 मई के अपना शासन के 12 साल पूरा कइले रहे। भाजपा एह उपलब्धि के सुशासन के प्रतीक बतावत देसभर में कइयन गो कार्यक्रम आयोजित कs रहल बिया।
नई दिल्ली में आयोजित एगो संवाद कार्यक्रम में भाजपा अध्यक्ष नितिन नवीन राजग सरकार के उपलब्धियन के विस्तार से गिनवलें। ऊ कहलें कि 2014 से पहिले देस निराशा के माहौल में रहे, जबकि आज भारत आत्मविश्वास आ विकास के राह पs तेजी से आगे बढ़ रहल बा।
नितिन नवीन के अनुसार हर घर नल योजना, स्वच्छ भारत मिशन, उज्ज्वला योजना, प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि, स्टार्टअप इंडिया आ मुद्रा योजना जइसन कार्यक्रमन से करोड़न लोगन के फायदा मिलल बा। ऊ दावा कइलें कि एह योजनन से महिला, किसान, जुवा आ गरीब वर्ग के जिनगी में बड़ बदलाव आइल बा।
कार्यक्रम में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृह मंत्री अमित शाह, वाणिज्य मंत्री पीयूष गोयल, शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान आ सूचना आ प्रसारण मंत्री अश्विनी वैष्णव सहित कइयन गाे वरिष्ठ नेता मवजूद रहल लोग।
भाजपा अध्यक्ष कहलें कि “सबका साथ, सबका विकास, सबका विश्वास आ सबका प्रयास” प्रधानमंत्री मोदी के सुशासन के मूल मंत्र बा। उनका मोताबिक, वैश्विक मंच पs भारत के प्रतिष्ठा बढ़ल बा आ दुनिया के 32 देस पीएम मोदी के सम्मानित कs चुकल बाड़ें, जवन 140 करोड़ भारतीयन के सम्मान हs।
एह अवसर पs एगो लघु फिलिम देखावल गइल, जवना में राम मंदिर निर्माण, राष्ट्रीय ध्वजारोहण आ भारत में सेमीकंडक्टर निर्माण जइसन उपलब्धियन के देखावल गइल। भाजपा के मोताबिक, 12 साल में राजग सरकार विकसित भारत के सपना साकार करे दिशा में लगातार काम कइले बिया।








