Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM Kisan eKYC अभिन काहें बा बंद

का एकरे बिना नाइ मिली 11वीं किस्त?

186

पीएम किसान सम्मान निधि (PM Kisan) के 12 करोड़ से अधिक लाभार्थियन के अप्रैल-जुलाई 2022 या 11वीं किस्त (PM Kisan 11th Installment date) के अगोरा बा। सम्मान निधि के लाभ पावे वाले किसानन खातिर सरकार e-KYC अनिवार्य कs देहले बाने। ई केवाईसी पूरी कइले खातिर पहिले 31 मार्च 2022 आखिरी तिथि रहल, जेके बढ़ाके 31 मई 2022 कs देहल गइल बा, लेकिन चिंता के बात ई बा कि फिलहाल ई-केवाईसी के ऑप्शन पीएम किसान पोर्टल पs नाइ दीsखता अउर एके कुछ दिन खातिर स्थगित कs देहल गइल बा।

 

देखीं किस्तवार केतना किसानन के मिलल लाभ

  • DEC-MAR 2021-22 के किस्त 10,95,47,469 किसानन के खाता में पहुंच चुकल बा
  • AUG-NOV 2021-22 के किस्त 11,18,25,760 किसानन के मिल चुकल बा
  • APR-JUL 2021-22  के किस्त 11,13,48,307 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा
  • DEC-MAR 2020-21  के किस्त 10,23,51,150 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा
  • AUG-NOV 2020-21 के किस्त 10,23,45,424 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा
  • APR-JUL 2020-21 के किस्त 10,49,32,623 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा
  • DEC-MAR 2019-20  के 8,96,18,518 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा
  • AUG-NOV 2019-20  के किस्त 8,76,21,571 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा
  • APR-JUL 2019-20  के किस्त 6,63,34,002 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा
  • DEC-MAR 2018-19  के किस्त 3,16,11,943 किसानन के बैंक खाता में पहुंच चुकल बा

 

अइसे चेक करी आपन खाता

  • पहले पीएम किसान (PM Kisan) के आधिकारिक वेबसाइट https://pmkisan.gov.in/ पर जाई।
  • आपके दहिना साइड पर ‘Farmers Corner’ का विकल्प मिली
  • ‘Beneficiary Status’ के ऑप्शन पर क्लिक करीं। ईहां नया पेज खुल जाई।
  • नया पेज पर आधार नंबर या बैंक खाता संख्या में से कौनो एगो विकल्प चुनीं। एह नंबर के जरिए आप चेक क सकत बानी कि आपके  अकाउंट में पइसा आइल कि नाइ।

 

  • आप जौने विकल्प के चुनाव कइले बानी, ओकर नंबर भरीं। एकरे बाद ‘Get Data’ पर क्लिक करी।
  • इहां क्लिक कइले के बाद आपके सब ट्रांजेक्शन के जानकारी मिल जाई। यानी कौन किस्त कब आपके खाते में आइल अउर कौने बैंक अकाउंट में क्रेडिट भइल।
  • 11वीं किस्त से जुड़ल जानकारी आपके इहां मिल जाई|

अगर आपके ‘FTO is generated and Payment confirmation is pending’ लिखल दिखत रहल बा त एकर मतलब बा कि फंड ट्रांसफर के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा। ई किस्त कुछुए दिन में आपके खाता में ट्रांसफर हो जाई।

 

237070cookie-checkPM Kisan eKYC अभिन काहें बा बंद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.