सारण के खिलाड़ी नेशनल आ राज्य स्तरीय एथलेटिक्स प्रतियोगिता में जीतले गोल्ड मेडल

Share

राष्ट्रीय आ राज्य स्तर के एथलेटिक्स प्रतियोगिता में आपन प्रतिभा साबित करे आ पदक जीते वाला सारण के खिलाड़ियन के जिला खेल भवन में जिला खेल अधिकारी आ सारण जिला एथलेटिक संघ के अधिकारी, समाजसेवी, राजनेता आ वरिष्ठ खिलाड़ियन के मौजूदगी में सम्मानित कइल गइल।  ईस्ट जोन ट्रैक एंड फील्ड में महिला अंडर 20 में अश्मी कुमारी हैमर थ्रो में अपना उमिर समूह में पहिला स्थान पा के स्वर्ण पदक जीतली जबकि अंडर 16 पुरुष वर्ग में आयुष राज जेवेलिन थ्रो प्रतियोगिता में पहिला स्थान पा के स्वर्ण पदक जीतले।

उहे शॉटपुट में देवांशु शेखर अंडर 18 आयु वर्ग में द्वितीय, सुमन कुमार हैमर थ्रो में अंडर 20 आयु वर्ग में द्वितीय, जागृति सिंह अंडर 18 आयु वर्ग के डिस्कस थ्रो प्रतियोगिता में द्वितीय, प्रिंस अंडर 20 आयु वर्ग के शॉटपुट में तृतीय आ आष्मी कुमारी ने शॉटपुर में अंडर 20 आयु वर्ग के ब्रॉन्ज अपना नांवे कइले रहे। राज्य स्तरीय प्रतियोगिता में डिस्कस थ्रो में अंडर 23 आयु वर्ग में वरुण सिंह के गोल्ड, देवांशु शेखर के अंडर 18 में गोल्ड, शिवानी कुमारी के अंडर 23 आयु वर्ग में गोल्ड आ जागृति सिंह के अंडर 18 आयु वर्ग में द्वितीय , देवांशु शेखर के अंडर 18 में द्वितीय स्थान मिलल रहे।

जिला खेल भवन में जिला खेल अधिकारी शमीम अहमद के मौजूदगी में वरिष्ठ खिलाड़ियन आ समाजसेवी लोग के तरफ से सगरी खिलाड़ियन के सम्मानित कइल गइल जवना में सुरेश प्रसाद सिंह, अध्यक्ष बैठा, हरेन्द्र, मुकेश कुमार यादव, शक्ति सिंह, मेराज खान, निर्मल ठाकुर, हरेन्द्र दास, पंकज कश्यप, सोनू बाबा, नीतीश कुमार पाण्डेय, दीपक सिंह, अजीत कुमार सिंह, प्रभात कुमार सिंह सहित जिला के सब खेल प्रेमी भाग लेले।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-