Phulpur Lok Sabha Result 2024: नेहरू के कर्मभूमि पऽ कमल के खेती,इहाँ से तीसरका बेर जीतल भाजपा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 6, 2024

इहाँ पहिला बेर 2014 में केशव प्रसाद मौर्य जीत दर्ज कऽ के कमल खिलवले रहले। ओकरा बाद 2019 में केशरी देवी पटेलो विजय भइली। हालांकि केशव जीतला के बाद लोकसभा से त्यागपत्र देके प्रदेश के

Share

इहाँ पहिला बेर 2014 में केशव प्रसाद मौर्य जीत दर्ज कऽ के कमल खिलवले रहले। ओकरा बाद 2019 में केशरी देवी पटेलो विजय भइली। हालांकि केशव जीतला के बाद लोकसभा से त्यागपत्र देके प्रदेश के राजनीति में आ गइल रहले। ओकरा बाद 2018 में उपचुनाव करावे पड़ल। एह चुनाव में भाजपा प्रत्याशी को हार के सामना करे के पड़ल रहे।

फूलपुर संसदीय क्षेत्र में तीसरका बार कमल खिलल। एकरा खातिर ढेर मेहनत करे के पड़ल । सपा के अमरनाथ मौर्य डट के मोकाबला कइले बाकिर नतीजा भाजपा के पक्ष में आइल। इहाँ पहिला बेर 2014 में केशव प्रसाद मौर्य जीत दर्ज कऽ के कमल खिलवले रहले।

ओकरा बाद 2019 में केशरी देवी पटेलो विजय भइली। हालांकि केशव जीतला के बाद लोकसभा से त्यागपत्र देके प्रदेश के राजनीति में आ गइल रहले। ओकरा बाद 2018 में उपचुनाव करावे के पड़ल। एह चुनाव में भाजपा प्रत्याशी के हार के सामना करे के पड़ल रहे।

अतीत में झांकल जाव तऽ देश के प्रथम प्रधानमंत्री पं. जवाहरलाल नेहरू एह सीट से पहिला बार चुनाव जीतले। अपना अंतिम समय तक उऽ एही सीट से लड़त रहले। ओकरा बाद विजय लक्ष्मी पंडित, विश्वनाथ प्रताप सिंह, कमला बहुगुणा के राजनीतिक जमीनो इहे क्षेत्र रहल।

आगे चलके फूलपुर सीट पs समाजवादी पार्टी के प्रभाव रहल। 1996 से 2004 तक भइल चुनाव में लगातार एही दल के उम्मीदवार जीतत रहले। 1996 आ 1998 में सपा के जंग बहादुर पटेल के सिर ताज सजल तऽ 1999 में सपा के धर्मराज पटेल फेर 2004 में अतीक अहमद इहाँ से सांसद चुनल गइले। एकरा बाद लोकसभा सीट पहिला बेर बहुजन समाज पार्टी के झोली में गइल। बसपा के कपिलमुनि करवरिया एह सीट से विजयी भइले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.