एs लोग के सरीर में सबसे ढेर होला जिंक के कमी, बेर-बेर बीमार पड़ल हs लक्षन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2024

  शरीर के स्वस्थ बनावे रखले खातिर जिंक एगो जरूरी पोषक तत्व हs। हमनी के सरीर जिंक नेचुरली उत्पादन नाहीं क‌s पावेला। जिंक से भरपूर आहार आ सप्लीमेंट्स से एकर कमी के पूरा क‌इल जा

Share

 

शरीर के स्वस्थ बनावे रखले खातिर जिंक एगो जरूरी पोषक तत्व हs। हमनी के सरीर जिंक नेचुरली उत्पादन नाहीं क‌s पावेला। जिंक से भरपूर आहार आ सप्लीमेंट्स से एकर कमी के पूरा क‌इल जा सकेला। जिंक हमनी के इम्यूनिटी बढ़‌वले, सेल्स के विकास के खातिर, घाव भरे, ब्लड क्लॉटिंग करेके, इंसुलिन बन‌वले के प्रक्रिया के तेज क‌रे आ शरीर में कई तरह के एंजाइम्स के ठीक बनाए रखे खातिर जरूरूी हs। व‌इसे जिंक सभ के खातिर जरूरी हs, बाकीर कुछ लोगन के शरीर में एकर भारी कमी पावल जाला। जानीं केकरा के जिंक के ढेर जरूरत होला?

एs लोगन के शरीर में होला जिंक के कमी

आपके शरीर के पूरा सिस्टम के चलावे आ प्रतिरक्षा प्रणालि के स्वस्थ रखे के खातिर जिंक जरूरी हs। लइका के जनम से लेकर युवा अवस्था ले शारीरिक विकास में जिंक मदद करेला। हालांकि कुछ लोगन के शरीर में जिंक के कमी बहुत होला। अइसे लोगन के जिंक से भरपूर डाइट लेवे चाहीं।

•प्रेगनेंट महिला के शरीर में
•गैस्ट्रोइंटेस्टाइनल सर्जरी के बाद
•पाचन विकार वाला लोगन के शरीर में
•ढेर ड्रिंक करे वालन के शरीर में
•6 महीना से उपर वाला शिशु में
•सिकल सेल रोग से पीड़ित लोगन में
•शाकाहारी लोगन के शरीर में

शरीर में जिंक के कमी के लक्षन

•लगातारे तेजी से वजन कम होखल
•तेजी से बाल के झड़ल
•चक्कर आ मतली आवल
•अचानक आ लंबा समय ले कपार दरद होखल
•घाव जल्दी ठीक नाहीं होखल
•सतर्कता के कमी
•स्वाद आ गंध में कमी
•भूख में कमी आ दस्त
•बेर-बेर सर्दी जुकाम होखल
•जल्दी बीमार पड़ जाइल
•नजर कमजोर होखल

जिंक के कमी के खातिर का खाईं?

शरीर में जिंक के कमी दूर करे के खातिर डाइट में कुछु खास चीजन के शामिल करीं। जिंक खातिर डाइट में साबुत अनाज, पॉल्ट्री फूड, सीड्स, डेयरी प्रोडक्ट, गेहूं आ चावल, मटर, काजू, बादाम आ बीन्स खा सकेनी। शाकाहारी लोगन के खातिर ई जिंक से भरपूर खाद्य पदार्थ हs।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.