मुख्यमंत्री से मिलले खोराबार के लोग, मकान के मालिकाना हक के लगवले गोहार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

GORKHPUR: जंगल सीकरी आ खोराबर मकान बचाओ संघर्ष समिति के अध्यक्ष विजय नारायण मिश्र के नेतृत्व में एतवार के दिने जनता दर्शन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से भेंट कइल गइल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के याद

Share

GORKHPUR

GORKHPUR: जंगल सीकरी आ खोराबर मकान बचाओ संघर्ष समिति के अध्यक्ष विजय नारायण मिश्र के नेतृत्व में एतवार के दिने जनता दर्शन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से भेंट कइल गइल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के याद दिअवले कि उनका मकान के मालिकाना हक देवे के उनका आदेश के एक साल बादो पालन नइखे भइल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कमिश्नर अनिल ढिंगरा के निर्देश दिहलन कि उऽ जल्दी से जल्दी मालिकाना हक पावे के प्रक्रिया पूरा कइल जाव।

अधिग्रहण के सालन बाद जब प्राधिकरण खोराबर टाउनशिप आ मेडिसिटी परियोजना पर काम शुरू कइलस तऽ सामने आइल कि अधिग्रहित जमीन पs बहुत लोग आपन घर बनवले बा। कुछ जगहन पs घना आबादी बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के हस्तक्षेप के बाद अइसन चिन्हित जगह के छोड़ के बाकी इलाका में खोराबर टाउनशिप आ मेडिसिटी परियोजना शुरू भइल।

अधिग्रहण के दौरान जवना लोग के मकान छोड़ल गइल रहे, उऽ लोग अब मालिकाना हक वापस करे के मांग करतारे। एह संबंध में एगो प्रस्ताव गोरखपुर विकास प्राधिकरण के बोर्ड में ले आवल गइल बा। मालिकाना हक देबे के प्रक्रिया चलत बा। फिलहाल पंकज तिवारी, जयप्रकाश मिश्रा, रामप्रकाश तिवारी, शशि भूषण, कमलेश राय, शशि रंजन पाण्डेय, अनिल मिश्रा, जयनाथ यादव, मृत्युंजय मालवीय, जन्मेजय जायसवाल, दयाराम, अनिल शर्मा, मणिकांत शाही अतवार का दिने मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से भेंट करे पहुंचल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.