पीडीए चौपाल: दुसरका दिन कार्यकर्ता आ जनता के जागरूक कs के भाजपा के गलत नीतियन के बतवलस सपा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2024

बरहज (देवरिया): सपा के ओर से पूरा प्रदेश में पीडीए चौपाल के आयोजन कइल जा रहल बा। एह दौरान पार्टी कार्यकर्ता आ जनता के भाजपा सरकार के गलत नीतियन के बारे में बतावल जा रहल

Share

पीडीए जन चौपाल कार्यक्रम के आयोजन बरहज नगर के बालू छापर में कइल गइल।

बरहज (देवरिया): सपा के ओर से पूरा प्रदेश में पीडीए चौपाल के आयोजन कइल जा रहल बा। एह दौरान पार्टी कार्यकर्ता आ जनता के भाजपा सरकार के गलत नीतियन के बारे में बतावल जा रहल बा। एह कड़ी में आज दुसरका दिन पीडीए जन चौपाल कार्यक्रम के आयोजन बरहज नगर के बालू छापर में कइल गइल। एह दौरान बड़ संख्या में लोग भाग लिहल।

विकास आ रोजगार विरोधी बिया भाजपा सरकार: विजय रावत


चौपाल के संबोधित करत सपा नेता विजय रावत कहलें की भाजपा सरकार विकास आ रोजगार विरोधी बिया। ऊ गरीबन के हक छिनल चाहत बिया। आज जवना तरे से महंगाई बढ़ रहल बा, ओकरा से ई साबित हो गइल बा कि भाजपा सरकार के विकास रोजगार आ आम जनता से कुछ लेवे देवे के देना नइखे। भाजपा सरकार जनता के गुमराह कs के सब विभागन के प्राईवेट करत जा रहल बिया। ई सरकार विकास तs करत नइखे, बाकिर रोजगार छिने के काम कs रहल बिया।

एह दौरान चौपाल में मुख्य रूप से अजित प्रसाद, अनिश शर्मा, विकेन्द्र यादव, राहुल कुमार, विकास यादव, संतोष कुमार, रूदल प्रसाद, तारकेश्वर कुमार, विवेक प्रसाद, सुरेश राजभर आदि लोग उपस्थित रहे।

Read Also: प्रगतिशील सोच से सिनेमा के जन-जन तक पहुंचावे वाला विलक्षण फिल्मकार रहस राजकपूर: डॉ. विमल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.