Paytm: पेटीएम पेमेंट सर्विस के सीईओ नकुल जैन देलें इस्तीफा, कंपनी शेयर बाजार के बतवलस प्लान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 28, 2025

बिजनेस डेस्क : पेटीएम पेमेंट सर्विसेज लिमिटेड के सीईओ नकुल जैन इस्तीफा दे देले बाड़ें। ऊ अपना खुद के कारोबारी सफर के सुरुआत खातिर पद छोड़ल बाड़ें। स्टॉक एक्सचेंज के फाइलिंग में कंपनी सोमार के

Share

नकुल जैन - फोटो : पेटीएम


बिजनेस डेस्क :
पेटीएम पेमेंट सर्विसेज लिमिटेड के सीईओ नकुल जैन इस्तीफा दे देले बाड़ें। ऊ अपना खुद के कारोबारी सफर के सुरुआत खातिर पद छोड़ल बाड़ें। स्टॉक एक्सचेंज के फाइलिंग में कंपनी सोमार के एकर जानकारी देलस।

कंपनी कहलस, “हमनी के उनकर योग्य विकल्प के तलाश कs रहल बाड़ें, आ नया नाम के घोषणा जल्दिये करिहें। एह बीच, पीपीएसएल अपना विकास के आगे बढ़ावे आ अपना बेवसायिक उद्देश्यन के पूरा कइला पs ध्यान केंद्रित कs रहल बा लो।”

कंपनी के सीईओ के इस्तीफा अइसन समय पs भइल बा जब फिनटेक अपना पेमेंट एग्रीगेटर लाइसेंस खातिर केंद्रीय बैंक के मंजूरी के इंतजार कs रहल बा। नवंबर 2022 में, भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) एफडीआई मानदंडन के पालन ना कइला के कारण पेटीएम के आवेदन के खारिज कs देले रहे।

अगस्त 2024 में, पेटीएम के पीपीएसएल में डाउनस्ट्रीम निवेश खातिर सरकार से मंजूरी मिल गइल रहे। एकरा बाद, कंपनी पीए लाइसेंस खातिर से आवेदन कइलें। पीपीएसएल कहलस कि अनुमोदन के प्रतीक्षा करत ऊ अपना मवजूदा ऑनलाइन बेयपारियन के भुगतान सेवा प्रदान कइल जारी रखी।

Read Also: UCC: 2010 के बाद भइल बा बियाह तs करावे के होई पंजीकरण, ना तs लागी जुर्माना, जानीं पूरा प्रक्रिया

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.