BJP: आसनसोल से चुनाव लड़ला से इनकार कइला के बाद भाजपा अध्यक्ष से मिलले पवन सिंह, राजनीतिक भविष्य पs कहलें ई बात

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2024

लोकसभा चुनाव खातिर पश्चिम बंगाल के आसनसोल से भाजपा के टिकट पs चुनाव लड़े से इनकार कइला के बाद सोमार केvपवन सिंह दिल्ली पहुंचलें। इहां ऊ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा से मुलाकात कइलें। एह बैठक

Share

लोकसभा चुनाव खातिर पश्चिम बंगाल के आसनसोल से भाजपा के टिकट पs चुनाव लड़े से इनकार कइला के बाद सोमार केvपवन सिंह दिल्ली पहुंचलें। इहां ऊ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा से मुलाकात कइलें। एह बैठक के बाद पवन सिंह मीडिया से कहलें कि जवन कुछो होई, ऊ अच्छा होई।

पवन सिंह अपना बातचीत के ब्योरा देले बिना कहलें कि भाजपा अध्यक्ष से हमार बात भइल बा, आगे जवन होई अच्छा होई। जब उनका से पूछल गइल कि का रउआ आगे चुनाव लड़ेम तs ऊ कहलें कि आगे जवन कुछ होई, अच्छा होई। अब समय बताई। जवन होई, हम रउआ लोगन से साझा जरूर करेम। अभी तनिका इंतजार करीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.