पटना: तेज रफ्तार ट्रक ऑटो में  भीषण टक्कर, 7 के मउत, कईगो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2025

पटना में एगो ट्रक आ ऑटो से टकरा गइल. दुर्घटना में 7 लोग के जगहे पs मउत हो गईल।  बहुत लोग गंभीर रूप से घायल हो गईले। इs हादसा बिहार के राजधानी पटना से 35 किलोमीटर

Share

पटना न्यूज़

पटना में एगो ट्रक आ ऑटो से टकरा गइल. दुर्घटना में 7 लोग के जगहे पs मउत हो गईल।  बहुत लोग गंभीर रूप से घायल हो गईले। इs हादसा बिहार के राजधानी पटना से 35 किलोमीटर दूर मसौढ़ी नौबतपुर मार्ग पs नूर बाजार के नजदीक भईल।

ट्रक से टक्कर मारला के बाद ट्रक ऑटो पs पलट गईल

अतवार के रात करीब 9:30 बजे एगो ट्रक ऑटो के टक्कर मार देलस। टक्कर एतना तेज रहे कि ऑटो तुरंत पलट गईल। एही क्रम में ट्रक बेकाबू होके ऑटो पs पलट गईल। घटना स्थल पs चीख-पुकार मच गईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

ऑटो में दर्जन भर लोग

ऑटो में करीब दर्जन भर लोग रहले, जवन मजदूर के काम कs के घरे लवटत रहले। हादसा एतना दर्दनाक रहे कि आटो के नीचे कुचलला के बाद सात लोग के मउका पs मउत हो गईल। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी मामला के छानबीन शुरू कs देलस।

घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल


पुलिस के कहनाम बा कि एs दुर्घटना में 7 लोग के मउत हो गईल, जबकि पांच लोग घाही हो गईले। सभे घाही के इलाज चलता। ट्रक अवुरी ऑटो के बीच भईल भयंकर टक्कर के बाद पूरा इलाका में दहशत मच गईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.